तिरुपति लड्डू में ‘मिलावटी घी’ के लेके SIT जांच पऽ लागल रोक

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 1, 2024

तिरुपति लड्डू में मिलावट के मुद्दा आंध्र प्रदेश में तेज हो रहल बा। अब लड्डू में घी के मिलावट के लेके एसआईटी के जांच अस्थायी तौर पs रोक दिहल गइल बा, काहेंकी इ मामला सुप्रीम

Share

तिरुपति लड्डू में मिलावट के मुद्दा आंध्र प्रदेश में तेज हो रहल बा। अब लड्डू में घी के मिलावट के लेके एसआईटी के जांच अस्थायी तौर पs रोक दिहल गइल बा, काहेंकी इ मामला सुप्रीम कोर्ट के दायरा में बा। आंध्र प्रदेश के शीर्ष पुलिस अधिकारी द्वारका तिरुमला राव एएनआई के मुताबिक एगो बयान में कहले कि, ‘तिरुपति लड्डू प्रसादम मामला के जांच खाती एसआईटी के गठन भइल रहे।’

सुप्रीम कोर्ट में चलत सुनवाई के चलते एसआईटी के जांच 3 अक्टूबर तक स्थगित रही। एएनआई के मुताबिक, आंध्र प्रदेश के शीर्ष पुलिस अधिकारी द्वारका तिरुमाला राव एगो बयान जारी कऽ के कहले कि, ‘तिरुपति लड्डू प्रसादम मामला के जांच खाती एसआईटी के गठन भईल रहे आ जांच के अखंडता सुनिश्चित करे खातिर एगो एहतियाती कदम बा।’

तिरुमाला के आटा मिल के एसआईटी कइलस निरीक्षण

बता दी कि सोमार के दिने एसआईटी तिरुमाला के आटा मिल के निरीक्षण कइलस जहाँ घी के भंडारण होला आ लड्डू बनावे में इस्तेमाल होखे से पहिले लैब में परीक्षण कइल जाला।

आंध्र प्रदेश के डीजीपी के हवाला से कहल गइल कि, तिरुपति लड्डू में ‘गति-विचार’ के स्पेशल इन्वेस्टिगेशन टीम (एसआईटी) के जांच के अस्थायी तौर पs रोक दिहल गइल बा, काहेंकी इ मामला सुप्रीम कोर्ट के दायरा में बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.