Sid Kiara Reception: होश उड़ा दिही सिड-कियारा के रिसेप्शन के खरचा, आतना बा हॉल के कीमत से लेके खाना-पीना तक के जानकारी

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 10, 2023

बितला दिनन बॉलीवुड के चर्चित जोड़ी सिद्धार्थ-मल्होत्रा बियाह के बन्हन में बन्हा गइले,आवे वाला 9 आ 12 फरवरी के रिसेप्शन के आयोजन करे के खबर बा । सिद्धार्थ kw दिल्ली वाला घर में गृह प्रवेश के बाद पहिलका रिसेप्शन जवन की 9 फरवरी के राखल गईल ओह में परिवार के करीबी लोग के शमिल होके के खबर बा ओहिजे दोसरका रिसेप्शन जवन 12 फरवरी के बा ओकरा में फिल्म इंडस्ट्री से जुड़ल तमाम बड़का हस्ती आ करीबी मित्र लोग के जुटे के संभावना बा।

Share

बितला 7 फरवरी के बॉलीवुड के चर्चित जोड़ी सिद्धार्थ-मल्होत्रा बियाह के बन्हन में बन्हा गइले,आवे वाला 9 आ 12 फरवरी के रिसेप्शन के आयोजन करे के खबर बा

बितला दिनन बॉलीवुड के चर्चित जोड़ी सिद्धार्थ-मल्होत्रा बियाह के बन्हन में बन्हा गइले,आवे वाला 9 आ 12 फरवरी के रिसेप्शन के आयोजन करे के खबर बा । सिद्धार्थ kw दिल्ली वाला घर में गृह प्रवेश के बाद पहिलका रिसेप्शन जवन की 9 फरवरी के राखल गईल ओह में परिवार के करीबी लोग के शमिल होके के खबर बा ओहिजे दोसरका रिसेप्शन जवन 12 फरवरी के बा ओकरा में फिल्म इंडस्ट्री से जुड़ल तमाम बड़का हस्ती आ करीबी मित्र लोग के जुटे के संभावना बा।

पेस्टल शेड की ड्रेस में दूनो लोग बहुते प्यारा लागत रहले। शादी के बाद काल्ह जब ई जोड़ा पहिला हाली मीडिया के सोझा आइल  तs ट्विंनिंग रेड ड्रेस में उ लोग बड़ा नीक लागत रहे । कपल मीडिया के धन्यवाद करत ओह लोगन के मिठाईयो खियवले। बियाह के बाद अब बारी बा रिसेप्शन के। दुनो लोग के पहिला रिसेप्शन आज यानि 9 फरवरी के दिल्ली में होई। एकरा खातिर 8 के सांझिए के ई कपल दिल्ली पहुंच चुकल बा। दिल्ली के बाद फिल्म इंडस्ट्री वाला

सिद्धार्थ किआरा फोटो:इंस्टाग्राम

लोगन खातिर  सिद्धार्थ आ कियारा 12 फरवरी के मुंबई में रिसेप्शन देबे वाला बाड़े, जेकर डिटेल्स सोझा आ गइल बा ।

लाल रंग के मैचिंग ड्रेस में जोड़ा बड़ा नीक लागत रहे सिद्धार्थ मल्होत्रा- किआरा आडवाणी- फोटो:सोशल मीडिया

 

रिपोर्ट्स के अनुसार मुंबई में सिद्धार्थ आ कियारा के रिसेप्शन साउथ बॉम्बे एरिया के St. Regis होटल में होई । ई होटल रॉयल होखला के संगे-संगे काफी महंगो बा। सेलेब्स एहिजा  पार्टी करे खातिर निकहा रकम खर्च करेला लो । ई होटल एगो प्राइवेट प्रॉपर्टी पs बनल बा। एह होटल में अटैच हॉल बिल्डिंग के सबसे ऊपर वाली मंजिल पs बा। कहल जाला कि एहिजा पैपराजी के कैमरा ना पहुंच सकेला , आ एही वजह से ज्यादातर सितारा लोग के पार्टी एही होटल में होला ।

सिद्धार्थ किआरा फोटो:सोशल मीडिया

 

मीडिया  के रिपोर्ट्स के अनुसार एह होटल के हॉल के खाली किराया 15 से 20 लाख रुपया बा। एकरा अलावा खाना खातिर 3500-3600 रुपये प्रति प्लेट के हिसाब से देबे के परेला। अतने  ना अगर रवा अपना पार्टी में  ड्रिंक के बेवस्था राखल चाहत बानी तs ओकर खर्चा रवा अलगा से देबे के परी। एह तमाम चीजन के देखत अइसन अंदाजा लगावल  जा रहल  बा कि एह रिसेप्शन में ई जोड़ा मोटा- मोटी 50 से 70 लाख रुपया खरचा कई सकत बा

सिद्धार्थ- किआरा बियाह के जोड़ा में, फोटो:सोशल मीडिया।

 

गेस्ट लिस्ट के अगर बात कइल जाए तs सिड-कियारा के जोड़ी अपना रिसेप्शन में बॉलीवुड के तमाम सेलिब्रिटीज के इनवाइट कइले बा। एह पार्टी में रणवीर सिंह, दीपिका पादुकोण, कटरीना कैफ, विक्की कौशल, प्रियंका चोपड़ा जईसन नामी- गिरामी सितारन के शामिल होखला के उम्मीद जतावल जा रहल बा।

सिद्धार्थ किआरा फोटो:इंस्टाग्राम

एह जोड़ा के शादी के बात कइल जाए तs कियारा आ सिद्धार्थ राजस्थान के जैसलमेर के सूर्यगढ़ पैलेस में सात फेरा लेले रहे । एह मवका पs कियारा लाइट पिंक शेड के लहंगा आ हीरा पन्ना के गहना पहिरले रही। ओहिजे सिद्धार्थ ऑफ व्हाइट के संगे गोल्डन टच के शेरवानी पहिरले रहले।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.