Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पहिलहु आजादी से लिहल गईल बा फसिला… द्रौपदी मुर्मू के समर्थन के ऐलान कs के बोलले उद्धव ठाकरे

शिवसेना प्रमुख उद्धव ठाकरे आखिरकार राष्ट्रपति उम्मीदवार द्रौपदी मुर्मू के आपन समर्थन देवे के ऐलान कs देले बाड़े। हालांकि ऊ कहले कि उनका पs कवनो दबाव नइखे। पहिलहु आजादी से फसिला लिहल गइल बा।

1,086

महाराष्ट्र में सरकार गँवावे आ पार्टी के कइयन गो नेता के बदलला के बाद पार्टी में अउरी टूट से बचे खातिर शिवसेना प्रमुख उद्धव ठाकरे राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार द्रौपदी मुर्मू के समर्थन के एलान कइले बाड़े। उद्धव ठाकरे ई फसिला शिवसेना के सांसदन से भईल मुलाकात के बाद कईले। ठाकरे कहले कि अइसन नईखे कि हमनी पs कवनो दबाव बा। हमनी के पहिलहू राष्ट्रपति के चुनाव में स्वतंत्र रूप से फसिला लेले बानी सs।

शिवसेना आखिरकार राष्ट्रपति चुनाव खातिर नेशनल डेमोक्रेटिक एलायंस (एनडीए) के उम्मीदवार द्रौपदी मुर्मू के समर्थन के एलान कs दिहले। पार्टी प्रमुख उद्धव ठाकरे एकर औपचारिक घोषणा कईले।

पहिलहु स्वतंत्र रूप से फैसला लेले बानी सs

उद्धव ठाकरे मुर्मू के समर्थन के घोषणा करत कहले कि हमरा पs ई फसिला लेवे खाती कवनो दबाव नईखे। ठाकरे कहले कि, हमनी के पहिलहु राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार पs स्वतंत्र रूप से फैसला लेले बानी सs। ऊ कहले कि हमनी के समाज के विधायकन समेत कुछ आदिवासी नेता हमरा से मिल के मुर्मू के समर्थन करे के निहोरा कईले बा लो।

सांसदन के नाराजगी के बाद बदलल सुर?

बता दीं कि एकरा से पहिले शिवसेना एमवीए गठबंधन के तहत विपक्षी उम्मीदवार यशवंत सिन्हा के समर्थन करे के घोषणा कईले रहे। बाकिर विधायकन के टूटला के बाद अब सांसदन के नाराजगी का चलते उद्धव तनी नरम हो गइल बाड़े। जानकारी के मोताबिक उद्धव पार्टी के सांसदन के बैठक बोलवले रहले। जवना में 18 में से मात्र 13 सांसद पहुंचले। सूत्रन के अनुसार, सांसद लोग बैठक में ना आके संदेश देवे के कोसिस कइलें रहे लो। राजग के उम्मीदवार मुर्मू को समर्थन ना देके उद्धव नया मुश्किल खड़ा करे वाला बाड़न।

राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार पs शिवसेना के पुरान फसिला

एकरा से पहिले 2007 में राजग में रहते शिवसेना प्रतिभा पाटिल आ ओकरा बाद 2012 में प्रणव मुखर्जी के समर्थन कईले रहे। 2007 में रामनाथ कोविंद के समर्थन कईल गईल आ कहल गईल कि उ एगो निमन इंसान हवे। तs हमनी के उनका के वोट देब जा। माने कि गठबंधन से बाहर वोट दिहल शिवसेना के पुरान प्रथा रहल बा।

292540cookie-checkपहिलहु आजादी से लिहल गईल बा फसिला… द्रौपदी मुर्मू के समर्थन के ऐलान कs के बोलले उद्धव ठाकरे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.