[the_ad_group id="30365"]

Delhi Heatwave : दिल्ली में हीट वेव एक्शन प्लान लागू, दुपहरिया 12 से 3 बजे तक मजदूरन के काम बंद, अस्पताल में ‘कूल रूम’ तइयार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। नई दिल्ली में बढ़त तापमान आ लू के खतरनाक इस्थिति के देखत मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता ‘हीट वेव एक्शन प्लान 2026’ के समीक्षा कs के ओकरा के आउर मजबूत बनावे के निरदेस देली।

मुख्यमंत्री कहली कि एह साल सरकार के रणनीति पहिले से जादे वैज्ञानिक आ असरदार बनावल गइल बा। खास कs के स्कूली बच्चा आ निर्माण स्थल पs काम करे वाला मजदूरन के सुरक्षा पs विशेष धेयान दिहल जा रहल बा।

लईका आ मजदूरन खातिर खास इंतजाम

सरकार के मोताबिक, स्कूली बच्चा के लू से बचावे खातिर जरूरत पड़ला पs स्कूल से छुट्टी से पहिले ओआरएस के घोल पियाके भेजल जाई, ताकि रास्ता में पानी के कमी (डिहाइड्रेशन) ना होखे।

ओहिजा निर्माण स्थल पs काम करे वाला मजदूरन खातिर पानी, टोपी, गमछा आ जरूरत पड़ला पs इलाज के सुविधा दिहल जाई। दुपहरिया 12 बजे से 3 बजे तक बाहरी काम पs पूरा रोक लगा दिहल गइल बा।

बिजली आपूर्ति पs सख्त नजर

दिल्ली में बढ़त गरमी के चलते बिजली के मांग तेजी से बढ़ रहल बा। अनुमान बा कि एह साल पीक पावर डिमांड 9,000 मेगावाट के पार जा सकेला। एह इस्थिति में सरकार बिजली कंपनियन के साफ निरदेस देले बा कि बिजली कटौती कवनो हालत में बर्दाश्त ना कइल जाई।

पशु-पक्षियन खातिर इंतजाम

सरकार विभागन के निरदेस देले बिया कि गरमी में पशु-पक्षी खातिर पानी आ छांव के बेवस्था सुनिश्चित कइल जावs, ताकि ऊ लोग लू से बच सके।

‘कूल रूफ’ आ ‘कूल रूम’ के पहल

‘कूल रूफ पॉलिसी 2026’ के तहत कश्मीरी गेट बस अड्डा के छत पs रिफ्लेक्टिव कोटिंग कइल गइल बा, जवन अंदर के तापमान कम करे में मदद करी।

एकरा संगही दिल्ली के 13 जिलन में 339 से जादे स्वास्थ्य केंद्र अलर्ट पs बा, जबकि 30 से जादे अस्पताल में 5-बेड वाला ‘कूल रूम’ तइयार कइल गइल बा, जहां हीट वेव से प्रभावित लोगन के इलाज कइल जाई। एह योजना से उम्मेद बा कि दिल्ली के लोगन के भीषण गरमी से बहुत हद तक राहत मिली।

Read Also: Saran News : बिहार के सारण में भीषण सड़क हादसा, कार टैंपो से टकराइल, 3 के मौत; 5 घायल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]