पॉलिटिकल डेस्क। भाजपा के राष्ट्रीय प्रवक्ता रहल शहजाद पूनावाला के पार्टी से इस्तीफा देवे के खबर सामने आइल बा। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, ऊ भाजपा के शीर्ष नेतृत्व के आपन इस्तीफा सउपलें आ एह फैसला के पीछे निजी कारण बतवले बाड़ें। हालांकि, अभी तक भाजपा के ओर से एह मुद्दा पs कवनो आधिकारिक बयान जारी नइखे भइल।
एक्स बायो बदलला से तेज भइल अटकल
शहजाद पूनावाला आपन एक्स प्रोफाइल अपडेट कइले बाड़ें। नया बायो में अब भाजपा के कवनो जिकिर नइखे, जबकि ऊ अपना के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के जिनगीभर के समर्थक बतवले बाड़ें।
एह बदलाव के बाद सोशल मीडिया पs एह बात के लेके अटकल तेज हो गइल कि सायद ऊ भाजपा छोड़ देले बाड़ें। हालांकि, पूनावाला खुद अभी ले इस्तीफा के कारण पs कवनो सार्वजनिक बयान नइखन देलें।
भाजपा में कब सामिल भइल रहलें?
शहजाद पूनावाला साल 2017 में कांग्रेस छोड़के भाजपा में सामिल भइल रहलें। कांग्रेस अध्यक्ष पद के चुनाव प्रक्रिया पs सवाल उठवला के बाद ऊ पार्टी से अलग हो गइल रहलें। भाजपा में अइला के बाद पार्टी नेतृत्व उनका के राष्ट्रीय प्रवक्ता के जिम्मेदारी देलस।
भाजपा आ पीएम मोदी के मुखर समर्थक रहल बाड़ें
शहजाद पूनावाला हमेसा से प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ भाजपा के मुखर समर्थक मानल जात रहल बाड़ें। टीवी डिबेट, प्रेस कॉन्फ्रेंस आ सोशल मीडिया पs ऊ अपना तेज आ तीखा बयान खातिर चरचा में रहेलें।
कांग्रेस, राहुल गांधी आ विपक्षी दलन पs लगातार हमला बोले के चलते ऊ भाजपा के प्रमुख चेहरन में गिनल जात रहल बाड़ें।
पार्टी के ओर से अभी तक नइखे आइल आधिकारिक बयान
मीडिया रिपोर्ट में इस्तीफा के दावा जरूर कइल गइल बा, बाकिर भाजपा अभी तक एह पs कवनो आधिकारिक पुष्टि नइखे कइलें। एह वजह से राजनीतिक गलियारयन में चरचा तेज बा कि आखिर शहजाद पूनावाला के फैसला के असली कारण का बा।
आने वाला दिन में पार्टी आ खुद शहजाद पूनावाला के बयान के बादे पूरा तस्वीर साफ हो पाई।
Read Also: PM Modi AI Deepfake Video Case : मेटा इंडिया प्रमुख अरुण श्रीनिवास पs एफआईआर, जानीं पूरा ममिला







