Share Market : शेयर बाजार लगवलस गोता; सेंसेक्स 1000 अंक गिरल, निफ्टियो फिसलल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 13, 2024

हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिन शेयर बाजार में भारी गिरावट देखल गइल। सेंसक्स फिलहाल 1000 अंकन से जादे के गिरावट के संगे 80,225.59 अंकन पs चल रहल बा। अइसही निफ्टी 300 अंकन से जादे के

Share

शेयर बाजार


हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिन शेयर बाजार में भारी गिरावट देखल गइल। सेंसक्स फिलहाल 1000 अंकन से जादे के गिरावट के संगे 80,225.59 अंकन पs चल रहल बा। अइसही निफ्टी 300 अंकन से जादे के गिरावट के संगे 24,227.25 अंक तक पहुंच गइल बा।

धातु शेयरन में भारी बिकवाली, कमजोर वैश्विक कारकन आ बिदेसी कोषन के निकासी के चलते सुक के सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स आ निफ्टी में भारी गिरावट भइल। एह दौरान 30 शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स 412.8 अंक गिरके 80,877.16 पs खुलल आ 50 शेयरन वाला एनएसई निफ्टी 129.85 अंक गिरके 24,418.85 पs कारोबार करत खुलल। एकरा अलावे सुरुआती कारोबार में अमेरिकी डॉलर के मुकाबले रुपिया दु पईसा बढ़के 84.86 पs पहुंचल।

सेंसेक्स के शेयरन में टाटा स्टील, जेएसडब्ल्यू स्टील, इंडसइंड बैंक, एक्सिस बैंक, महिंद्रा एंड महिंद्रा, लार्सन एंड टूब्रो, स्टेट बैंक ऑफ इंडिया आ रिलायंस इंडस्ट्रीज में सबसे जादे गिरावट भइल। दूसरका आ भारती एयरटेल, नेस्ले, अदाणी पोर्ट्स आउर हिंदुस्तान यूनिलीवर के शेयरन में बढ़त दर्ज कइल गइल। शेयर बाजार के आंकड़न के मोताबिक, बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) बियफे के 3,560.01 करोड़ रुपिया के शेयर बेचलस।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

निफ्टी के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर

निफ्टी के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर

रुपया सर्वकालिक निचला स्तर से उबरल

महंगाई के अनुकूल आंकड़न के चलते सुक के सुरुआती कारोबार में रुपिया अपना सर्वकालिक निचला स्तर से उबरे में कामयाब रहल। एह दौरान स्थानीय मुद्रा अमेरिकी डॉलर के मुकाबले पांच पईसा बढ़के 84.83 के स्तर पs पहुंच गइल। अंतरबैंक बिदेसी मुद्रा विनिमय बाजार में डॉलर के मुकाबले रुपिया 84.85 पs खुलल आ सुरुआती कारोबार में 84.83 पs पहुंच गइल, जवन पिछला बंद भाव से पांच पईसा के बढ़त के दरसावत बा। एकरा पहिले रुपिया बियफे के डॉलर के मुकाबले पांच पईसा गिरके 84.88 के निचला स्तर पs बंद भइल। रुपिया के पिछला रिकॉर्ड निचला स्तर नव दिसंबर के दर्ज कइल गइल रहे, जब ई 84.86 पs बंद भइल रहे।

इहो पढ़ीं: BPSC 70वीं PT परीक्षा आज, 4.83 लाख कैंडिडेट्स सामिल होई: 36 जिलन के 912 केंद्रन पs होई परीक्षा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.