[the_ad_group id="30365"]

Share Market: पश्चिम एशिया में शांति के उम्मीद से बाजार गुलजार; सेंसेक्स 900 अंक उछलल, निफ्टी 25200 के पार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजनेस डेस्क। इस्राइल आ ईरान के बीच संघर्ष विराम के खबरन के बीच घरेलू शेयर बाजार में जबरदस्त उछाल देखल गइल। सुरुआती कारोबार में बाजार तेज सुरुआत कइलस आ लमहर छलांग लगवलस। सेंसेक्स 930.7 अंक उछलके 82,827.49 पs आ निफ्टी 278.95 अंक बढ़के 25,250.85 पs पहुंच गइल। अइसही सुरुआती कारोबार में अमेरिकी डॉलर के मुकाबले रुपिया 68 पईसा बढ़के 86.10 पs पहुंच गइल। एकरा पहिले वैश्विक तेल बेंचमार्क ब्रेंट क्रूड 2.87 प्रतिशत गिरके 69.43 डॉलर प्रति बैरल पs आ गइल।

केकर फायदा-केकर नुकसान?

30-सेंसेक्स फर्मन में से अदाणी पोर्ट्स, अल्ट्राटेक सीमेंट, महिंद्रा एंड महिंद्रा, लार्सन एंड टूब्रो, एक्सिस बैंक आ एशियन पेंट्स सबसे जादे फायदा में रहल। एनटीपीसी आ भारत इलेक्ट्रॉनिक्स पिछड़त नजर आइल। एक्सचेंज के आंकड़न के अनुसार, बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) सोमार के 1,874.38 करोड़ रुपिया के शेयर बेचल लो, जबकि घरेलू संस्थागत निवेशक (डीआईआई) 5,591.77 करोड़ रुपिया के शेयर किनल लो।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

एनएसई के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर

वैश्विक निवेशकन के कुछ राहत मिली

अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के ओर से पश्चिम एशिया में शांति बहाली के एलान के बाद मंगर के भारतीय शेयर बाजारन में जोरदार तेजी देखल गइल। एकरा से हाल के भू-राजनीतिक तनावन के बीच वैश्विक निवेशकन के कुछ राहत मिलल। बेंचमार्क निफ्टी 50 इंडेक्स 208 अंक भा 0.83 प्रतिशत के बढ़त के संगे 25,179.90 पs खुलल। सेंसेक्स 637.82 अंक भा 0.78 प्रतिशत के उछाल के संगे 82,534.61 पs मजबूती के संगे खुलल। एक वक्त सेंसेक्स 900 से जादे अंक के छलांग लगवलस, जबकि निफ्टी 250 अंक से जादे के बढ़त तक पहुंचल।

क्या कहत बा लो विशेषज्ञ?

विशेषज्ञन के कहनाम बा कि इस्राइल आ ईरान के बीच तनाव कम होखला के संगे निवेशक अब आगामी वैश्विक घटना पs ध्यान केंद्रित कs रहल बा लो, जवन बाजार के प्रभावित कs सकत बा। निवेशकन के रडार पs एगो अहम तिथि 9 जुलाई बा, जवन अमेरिकी टैरिफ निर्णयन से संबंधित समय सीमा हs। जदि टैरिफ संबंधी चिंता टल जात बा भा हल हो जात बा, तs बाजार में तेजी जारी रह सकत बा।

एशियाई आ अमेरिकी बाजार के हाल

बाकी एशियाई बाजारन में तेजी लउकल। जापान के निक्केई 225 में एक प्रतिशत से जादे के उछाल आइल, हांगकांग के हैंग सेंग इंडेक्स में 2 फीसदी के बढ़त दर्ज कइल गइन, दक्षिण कोरिया के कोस्पी में 2.86 प्रतिशत के उछाल आइल, जबकि ताइवान के भारित सूचकांक में 1.85 प्रतिशत के उछाल आइल। सोमार के अमेरिकी बाजार सकारात्मक क्षेत्र में बंद भइल।

Read Also: 24 जून 2025 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]