[the_ad_group id="30365"]

शनि देव के रउरा पs खास आशीर्वाद बा, दी रउरा सपना में ई 5 चीज देखs तानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जदी शनि देव के आशीर्वाद बा तs गरीब भी राजा बन सकेला। अइसने में आज हमनी के कुछ अइसने सपना के बारे में बताइब जवन शनि देव के आशीर्वाद के निशानी मानल जाला।

हमनी के अशुभ बात के बारे में सोचे लागेनी स, बाकी असलियत में शनि से जादे आशीर्वाद के बरसात करेवाला कवनो दोसर ग्रह नइखे। हालांकि एकही शर्त बा कि राउर कर्म नीमन होखे के चाही। जदी रउरा सही राह पर बानी तs शनि के शुभ पक्ष से राउर जीवन में सुधार हो सकेला । अइसने में आज हम ओह सपना के बारे में बतावे जा रहल बानी, जवना के रूप शनि देव के आशीर्वाद के प्रतीक हs।

सपना में कौआ के देखल

सपना में कबो कौआ देखे के मिले तs समझे कि शनि देव तहरा से खुश बाड़े। ई सपना रउरा जीवन में आर्थिक प्रगति ले आ सकेला । दूसर ओर सपना में कौआ के दाना चुगत देखाई दिही तs एकर मतलब बा कि कवनो दबल इच्छा जल्दीए पूरा हो सकता। ई सपना भी एगो संकेत मानल जाला कि रउरा जीवन में कुछ नाया आ निमन होखे वाला बा।

 सपना में कुकुर के देखल

जदि रउरा सपना में कुकुर के खेलत आ खुश देखs तानी तs एह सपना के भी शुभ सूचक मानल जाला। एह सपना के मतलब ई बा कि शनि देव अब रउरा जीवन में सुख आ समृद्धि ले आ सकेलें । पहिले जवन बढ़िया काम कइले बानी ओकरा से भी बढ़िया परिणाम मिल सकेला।

शनि देव के तस्वीर

जदी रउरा सपना में शनि देव के तस्वीर देखत बानी त ई रउरा कैरियर में आवे वाला सुखद बदलाव के प्रतीक बा । अइसन सपना देखला के बाद रउरा कैरियर के क्षेत्र में नया मौका मिल सकता, प्रमोशन मिल सकता चाहे राउर मनचाहा जगह पs ट्रांसफर हो सकता। ई सपना भी व्यापारी लोग खातिर बहुत शुभ मानल जाला, एह सपना के बाद बिजनेस में मुनाफा के स्थिति पैदा हो जाला, जवना योजना के रउआ लागू करे के चाहत बानी ओकरा के भी लागू कइल जा सकेला।

सपना में भोलेनाथ के देख के 

अगर रउआ सपना में भगवान शिव के देखनी तs एकर मतलब बा कि भगवान शिव रउआ से खुश बाड़े आ शनि देव भी रउरा जीवन में संतुलन ले अइहे। शनि देव के भगवान शिव के महान भक्त मानल जाला, एही से सपना में भोलेनाथ के देखल एगो संकेत बा कि शिव आ शनि के कृपा से रउरा जीवन में बहुत सकारात्मक बदलाव आ सकता।

शनिदेव रउआ के सपना में आशीर्वाद देत बाड़े

जदी रउरा कबो सपना में देखब कि शनिदेव रउरा के आशीर्वाद देत बाड़े त एह सपना के बाद जिनगी के रेलगाड़ी फेर से पटरी पर आ सकेला । ई सपना खाली आर्थिक लाभ के निशानी ना ह, बल्कि अइसन सपना देखला के बाद रउवा आध्यात्मिक क्षेत्र में भी प्रगति कs सकतानी। एह सपना के बाद जवन चुनौती रउवा जीवन में बहुत दिन से चलत रहे ऊ दूर हो सकता।

(Disclaimer : इहाँ जवन जानकारी दिहल गइल बा ऊ धार्मिक आस्था आ लोक मान्यता प आधारित बा। एकर कवनो वैज्ञानिक सबूत नईखे। ख़बर भोजपुरी एको बात के भी सच्चाई के सबूत नइखे देत।)

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]