चीन के शंघाई शहर में जश्न के तैयारी के बीच चाकू से गोद के 3 गो के हत्या, 15 गो घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 1, 2024

  चीन के सबसे बड़ शहर शंघाई में चाकू मारे के घटना सोझा आईल बा। जहाँ एगो सुपरमार्केट में चाकू से लैस एगो आदमी हमला कs के 3 लोग के हत्या कs देलस। एs हमला

Share

चाकू के हमला में 3 गो के मउत: फोटो

 

चीन के सबसे बड़ शहर शंघाई में चाकू मारे के घटना सोझा आईल बा। जहाँ एगो सुपरमार्केट में चाकू से लैस एगो आदमी हमला कs के 3 लोग के हत्या कs देलस। एs हमला में 15 लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। शंघाई पुलिस मंगल के दिने ई जानकारी दिहलस.

लोग जश्न मनावे के तइयारी में लागल रहे

चीन के भीड़भाड़ वाला इलाका में चाकू मारे के ई ताजा घटना बा। सोमार के रात शंघाई शहर में भइल हमला ओह घरी भइल जब चीन मंगल के दिने एक हफ्ता के छुट्टी के साथे 75वां राष्ट्रीय दिवस मनावे के तइयारी में रहुवे. सोमार के रात 9.47 बजे (स्थानीय समय) पs पुलिस के एs घटना के जानकारी मिलल।

पुलिस हमलावर के पकड़ लिहलस 

सरकारी समाचार एजेंसी सिन्हुआ के मुताबिक, 37 साल के हमलावर के नाम लिन बा। उs भीड़ वाला इलाका में चाकू से लोग पs हमला करत रहले। पुलिस मौका पs पहुंचते ही पकड़ा गईल। एगो सुपरमार्केट में चाकू से लैस एगो आदमी के तस्वीर सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs सोझा आईल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.