बलिया में शर्मनाक घटना: प्रेमी किशोरी के छत से देलस धक्का, गंभीर रूप से घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 8, 2024

बलिया जिला के मनियार थाना क्षेत्र के तहत एगो गांव में एगो कथित प्रेमी एगो किशोरी के छत से धक्का दे दिहलस। एकरा चलते उऽ गिर गइल आ बहुत घायल हो गइल। बतावल जाता कि

Share

बलिया जिला के मनियार थाना क्षेत्र के तहत एगो गांव में एगो कथित प्रेमी एगो किशोरी के छत से धक्का दे दिहलस। एकरा चलते उऽ गिर गइल आ बहुत घायल हो गइल। बतावल जाता कि घटना रविवार के देर सांझ के भइल बा। घायल लइकी के पिता के शिकायत पऽ पुलिस आरोपी के खिलाफ मामला दर्ज कऽ देले बिया।

पुलिस के मुताबिक लइकी के परिवार मेला में गइल रहे। एकर फायदा उठावत मोहल्ला के युवक लईकी के घर पहुंच गइल। कवनो मुद्दा पऽ दुनो के बीच बहस भइल। जवना के बाद पास के लोग लइकी के छत से गिरत देखले। बतावल जाता कि ए घटना में पीड़िता के गंभीर चोट आइल बा।

घायल भइला पऽ परिवार लइकी के मनियार प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र ले गइल। जहां से उनका के जिला अस्पताल बलिया रेफर कऽ दिहल गइल। अपर पुलिस अधीक्षक अनिल कुमार झा अपना टीम के संगे रात में ही मौका पऽ पहुंचले आ थाना प्रमुख के जरुरी निर्देश देले।

एएसपी बतवले कि लइकी के पिता थाना में शिकायत दर्ज करवले बाड़े। शिकायत के आधार पऽ आरोपी के खिलाफ मामला दर्ज क के गिरफ्तार करे खातिर पुलिस टीम बनावल गइल बा। थाना प्रमुख रत्नेश दुबे बतवले कि प्राइमा फेसी में इ मामला प्रेम प्रसंग के सोझा आइल बा। आरोपी के गिरफ्तारी खातिर परिवार के लोग से पूछताछ कइल जाता।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.