[the_ad_group id="30365"]

शाह-शिवराज लेवेले आसिरबाद , दिग्विजय कइले इनका आश्रम के उद्घाटन; आखिर के हऽ ई BJP के राज्यसभा उम्मीदवार उमेश नाथ महाराज?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Who is Umesh Nath Maharaj

बीजेपी मध्य प्रदेश से राज्यसभा चुनाव खातिर बालयोगी उमेश नाथ महाराज के अपना उम्मीदवार बनवले बिया। उमेश नाथ महाराज उज्जैन के वाल्मीकि धाम आश्रम के प्रमुख पीठाधीश्वर बाड़न। बीजेपी बुध के मध्य प्रदेश से राज्यसभा खातिर चार  गो उम्मीदवारन के सूची जारी कइले बिया। ए लिस्ट में माया नारोलिया बंसीलाल गुर्जर आ एल मुरुगन के नामो शामिल बा। एकरा अलावा लिस्ट में एगो चउकावे वाला नामो आइल बा। ई नांव हऽ उमेश नाथ महाराज के। उमेश नाथ संत सोहनदास महाराज के शिष्य हउअन। उमेश नाथ महाराज के बारे में रऊआ के बतावऽ बानी।

उज्जैन के वाल्मीकि धाम आश्रम के प्रमुख पीठाधीश्वर बालयोगी उमेश नाथ महाराज राज्यसभा चुनाव खातिर जलदिए नामांकन भरिहें। उमेश नाथ के राज्यसभा उम्मीदवार बनवला के बाद वाल्मीकि धाम आश्रम में जश्न के माहौल बा। उज्जैन के संत समुदाय एऽ पर बाड़ा खुशीयो जाहिर कइले बा। उमेश नाथ के राज्यसभा भेजे जाए के जानकारी वो बेरा मिलल, जब उऽ पूजा पाठ करतऽ रहस।

कतना बड़ – बड़ नेता लो लेवेला आसीरबाद 

उमेश नाथ कांग्रेस के अलावा बीजेपी नेता लो के वरिष्ठ नेता के साथहू लउकत रहस। कतना मौका पऽ कई गो बड़ नेता उनका से आसीरबाद लेत लउकल बा। सिंहस्थ के बेरी बीजेपी के तत्कालीन राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह संत उमेश नाथ महाराज के साथे समरसता नहानो कइले रहले। एकरा अलावा शिवराज सिंह उनकर आसीरबादो लेत रहले। हाले में मौजूदा सीएम मोहन यादव  वाल्मीकि धाम पहुंचल रहें।

दिग्विजय सिंह कइले रहलें वाल्मीकि आश्रम के उद्घाटन

कांग्रेस के वरिष्ठ नेता कांग्रेस नेता दिग्विजय सिंह ने शिप्रा नदी किनारे महर्षि वाल्मीकि आश्रम का उद्घाटन कइले रहले। बतावल जाला कि संत उमेश नाथ के उनकर माई  बाल्यावस्थे में आध्यात्म के मार्ग पऽ समर्पित कऽ दिहले रहीं।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]