गोरखपुर: दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिन्दी एवं आधुनिक भारतीय भाषा तथा पत्रकारिता विभाग द्वारा ‘मीडिया संवाद’ श्रृंखला के अंतर्गत ‘सामाजिक विकास में संप्रेषण के भूमिका’ विषय पs एगो व्याख्यान के आयोजन कइल गइल।

Published on: Jan 2, 2023
गोरखपुर: दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिन्दी एवं आधुनिक भारतीय भाषा तथा पत्रकारिता विभाग द्वारा ‘मीडिया संवाद’ श्रृंखला के अंतर्गत ‘सामाजिक विकास में संप्रेषण के भूमिका’ विषय पs एगो व्याख्यान के आयोजन कइल गइल।
Share

एह व्याख्यान में मुख्य अतिथि के रूप में उपस्थित काशी हिंदू विश्विद्यालय, वाराणसी के जनसंपर्क अधिकारी डॉ. राजेश सिंह विभाग में पत्रकारिता परिषद् के गठन के सराहना कइनीं। उहां के अपना विस्तृत व्याख्यान में पत्रकारिता से जुड़ल अनुभवन के साझा करत कहनीं कि इहे पत्रकारिता उहां के एशिया के सबसे बड़ आवासीय विश्वविद्याल के जनसंपर्क अधिकारी बनवले बा। उहां के सोशल मीडिया के विनियमन के जरूरत पs बल देनीं। विभाग के वरिष्ठतम आचार्य प्रो. अनिल राय अपना संबोधन में पत्रकारिता परिषद् से भविष्य में एही तरह के अकादमिक आयोजनन के उम्मीद जतवनीं।
कार्यक्रम के अध्यक्षता करत हिंदी विभाग के अध्यक्ष प्रो. दीपक प्रकाश त्यागी कहनीं कि मीडिया के क्षेत्र बहुते चुनौतियन से भरल बा। प्रो. त्यागी पत्रकारिता पाठ्यक्रम के भविष्य के योजना पs संक्षेप में प्रकाश डलनीं।
एकरा पहिले मुख्य अतिथि के स्वागत प्रो. त्यागी उत्तरीय प्रदान कs के आ परिषद् के अध्यक्ष आराधना पाठक पुष्प गुच्छ दे के कइल लोग। एह अवसर पs नवगठित पत्रकारिता परिषद् के पदाधिकारियन के विभाग के छात्र-छात्रा लोगन द्वारा माल्यार्पण कs के अभिनन्दन कइल गइल। धेयान देवे वाला बात बा कि विभाग में पत्रकारिता परिषद् के गठन पहिला बेर गठन कइल गइल बा आ भविष्य परिषद् के माध्यम से अकादमिक कार्यक्रम कइल जाये के योजना बा।

पत्रकारिता पाठ्क्रम के समन्वयक प्रो. राजेश कुमार मल्ल स्वागत भाषण आ विषय प्रवर्तन कइनीं जबकि कार्यक्रम के संचालन सहायक समन्वयक डॉ. राम नरेश राम आ आभार ज्ञापन अतिथि शिक्षक डॉ. रजनीश कुमार चतुर्वेदी द्वारा कइल गइल।
एह अवसर पs विभाग के प्रो. प्रत्यूष दूबे, डॉ. नरेन्द्र कुमार, डॉ. अखिल मिश्र, डॉ. अभिषेक शुक्ल, डॉ. संदीप कुमार यादव सहित विभाग के सब छात्र-छात्रा आ हिंदी के शोध छात्र उपस्थित रहल लोग।
Tags:
Banaras Hindu University, Bhojpuri News, Ddu, Deen dayal upadhyay gorakhpur university, Dr. Rajnessh Kumar Chaturvedi, Dr. Ram Naresh Ram, Hindi aur Aadhunik Bhasha Tatha Patrkarita Vibhag, Kashi Hindu Vishvavidyalaya, Patrakarita Parishad, Pro. Anil Kumar Rai, Pro. Rajesh Mall, Rajesh Singh(Pro) Bhu, Seminar Organized
Share this article