Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दुसरके टेस्ट के दिन भारत कसलस श्रीलंका पs शिकंजा

देहलस 447 रन के विशाल लक्ष्य, मेहमान टीम के दुसरका पारी में 1 विकेट पर 28 रन

139
सीवान इन्शुरेंस 720 90

जारी भारतीय दौरा में सम्मान बचावे में जुटल मेहमान श्रीलंकाई टीम के बेंगलुरु के एम| चिन्नास्वामी स्टेडियम में जारी दुसरका टेस्ट में एगो अउर हार से बच पावल बहुते ज्यादा मुश्किल हो गइल बा| भारत से जीत खातिर मिलल 447 रनों के पीछा करत मेहमान टीम दुसरका दिन के खेल खतम होखे के समय 1 विकेट पs 28 रन बना लेहले बा| करुणारत्ने 10 अउर मेंडिस 16 रन बना के पिच पर जमल बानें| इहाँ से ओनके सामने जीत खातिर 419 रनों के बहुते बड़ा चैलेंज है, जबकि भारत के 9 विकेट अउर लेहले के, जबकि तीन दिन के खेल बाकी बचल बा| एसे पहिले भारत आपन दुसरका पारी 9 विकेट पs 303 रन बनाके घोषित कर देहलस| अक्षर पटेल के आउट होइते पारी घोषित कइले के ऐलान क देहने, त श्रीलंकाई टीम आपन पहिला पारी में 109 रने पs दूसरका दिन के शुरुआती घंटा के खेले में ढेर हो गइल रहल| एमें जसप्रीत बुमराह के भूमिका बड़हन रहल, जे पांच विकेट चटकावल| अश्विन अउर शमी के दू-दू, तो अक्षर पटेल के एगो विकेट मिलल|

227680cookie-checkदुसरके टेस्ट के दिन भारत कसलस श्रीलंका पs शिकंजा
Middle Yayawari

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.