Gorakhpur: D.A.V.PG कॉलेज में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के दूसरका दिन के विषय “मिशन शक्ति” पs आधारित सफल कार्यक्रम

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 19, 2025

आजु डी.ए.वी.पी.जी.कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई के तत्वावधान में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के दूसरका दिन प्राचार्य प्रो शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में स्वयंसेवक एवं स्वयंसेविका

Share

D.A.V.PG कॉलेज में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के दूसरका दिन

आजु डी.ए.वी.पी.जी.कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई के तत्वावधान में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के दूसरका दिन प्राचार्य प्रो शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में स्वयंसेवक एवं स्वयंसेविका लोग “मिशन शक्ति” विषय पs आधारित कार्यक्रम के आयोजन भइल।

मातृशक्ति के जन- जन ले पहुंचे खातीर स्वयं सेवक आ स्वयं सेविका तेलियाना टोला, मुफ्तीपुर,गोरखपुर के मलिन बस्ती में रैली निकाल के लोगन के जागरूक कइले। ईश्वर की वरदान है बेटियां, हमारे घर की अरमान है बेटियां* जइसन नारा लगावल गइल। कार्यक्रम के बौद्धिक परिचर्चा सत्र में मिशन शक्ति के प्रतिनिधि के रूप में महाविद्यालय के प्रोफेसर वेदवती सिंह,हिंदी विभाग,प्रोफेसर बिंदु कुमारी,गणित विभाग, डॉ स्नेह लता त्रिपाठी,वनस्पति विज्ञान विभाग आ श्रीमती रक्षा गुप्ता,प्राणी विज्ञान विभाग स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग के प्रोत्साहन आ मार्गदर्शन हेतु कार्यक्रम में उपस्थित रहले।

इहो पढ़ीं: Gorakhpur: ‘स्वच्छता ही सेवा है’ थीम पs आधारित D.A.V.पीजी कॉलेज में सप्त- दिवसीय विशेष शिविर के शुभारंभ

प्रो वेदवती सिंह सभ के समझवले कि “आज के वर्तमान युग में भी जब हम डिजिटल इंडिया के बात करत बानी,कई गो अइसन परिवार बा जवन बेटा-बेटी में भेदभाव करेला। हमनी के संसाधन चाहे जवन होखे, हमनी के अपना बेटा-बेटी के उत्थान में बराबर खर्चा करे के चाही। कवनो तरह के भेदभाव ना होखे के चाहीं.” एह क्रम में श्रीमती रक्षा गुप्ता सभे स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग के हौसला बढ़ा के बतवली कि “भविष्य के फैसला उहे लोग करी। एह से ओह लोग खातिर ई समझ विकसित कइल बहुते जरूरी बा कि बेटी आ बेटा दुनु समाज खातिर बराबर महत्व राखेला.”

एह से देश के आवे वाली पीढ़ी के रूप में एक स्वस्थ समाज के स्थापना में महत्वपूर्ण भूमिका निभावे के पड़ी। एह अवसर पs स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग मिल के बेटी बचाओ, बेटी पढ़ाओ विषय पs एगो सड़क नाटक प्रस्तुत कइल जवना के उद्देश्य रहे कि समाज में बेटी आ बेटा के बीच के अंतर बढ़ावे वाला भ्रूण हत्या जइसन अपराध के खतम कइल जाव कार्यक्रम के संचालन कइल गइल आ धन्यवाद ज्ञापन कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता द्वारा कइल गइल। एह मौका पs नीतू, सतीश, शिवेश, अभिषेक यादव आ वैष्णवी समेत सगरी स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग मौजूद रहले.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं माता के सबसे प्राचीन ‘मुंडेश्वरी मंदिर’, जहवां मौजूद बा पंचमुखी शिवलिंग जवना के हर तीन दिन पs बदलत रहेला रंग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.