Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

स्कूली बच्चन से खचाखच भरल रहे बस, चलत बस से अचानक गिर गइल मासूम, कमजोर दिल वाला ना देखे लोग VIDEO

Trending Viral Video: हाल फिलहाल में इंटरनेट पs एगो अइसन वीडियो वायरल हो रहल बा, जवना के देखके लोग दंग रह गइल। वीडियो में लोगन से खचाखच भरल चलत बस से एगो स्कूली बच्चा गिरत नजर आ रहल बा।

2,021

बस में ठूंस-ठूंस के चढ़ा के राखल रहे स्कूली बच्चन के, चलत बस से अचके गिरल एगो मासूम

Tamilnadu Bus Video: सोशल मीडिया पs तमिलनाडु के एगो चौंका देवे वाला वीडियो सामने आइल बा, जवना के देखला के बाद राउरो गोड़ के नीचे के जमीन खिसक जाई। तेजी से वायरल हो रहल एह वीडियो में एगो स्कूली बच्चा चलत बस से अचके गिरता नजर आ रहल बा। ई तs गनीमत रहल कि जब ई बच्चा सड़क पs गिरल, तs ओह समे गाड़ियन के आवाजाही कम रहे, ना तs कवनो बड़ हादसा हो सकत रहे। वीडियो में देखल जा सकत बा कि, कइसे स्कूली बच्चन के ठूंस-ठूंसकर बस में चढ़ा के राखल गइल बा।

इहां देखी वीडियो

इंटरनेट पs वायरल (Viral Video) हो रहल ई वीडियो तमिलनाडु (Tamil Nadu Bus Video) के बतावल जा रहल बा, जहां भीड़ से खचाखच भरल तमिलनाडु राज्य परिवहन निगम (TNSTC) के बस में चढ़ल एगो स्कूली बच्चा, अचानके चलत बस से सड़क पर गिरता नजर आ रहल बा। वीडियो में आगे सड़क पs गिरला के बाद बच्चा अपना पैरन पs खड़ा होखे के कोसिस करत दिखाई दे रहल बा।

सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ट्विटर (Twitter Viral Video) पs ई वीडियो शेयर कइल गइल बा। एह वीडियो के अब तक 479.7K व्यूज मिल चुकल बा, जबकि सौ से जाड़े6 यूजर्स एह वीडियो के लाइक कइल बा लो। वीडियो देख चुकल यूजर्स एह हादसा पs चिंता जतावत तरे-तरे के प्रतिक्रिया दे रहल बा लो। ओहिजा कुछ यूजर्स एह हादसा के पीछे बस ड्राइवर आ तमिलनाडु राज्य परिवहन निगम (Tamil Nadu State Transport Corporation (TNSTC)) के लापरवाही के जिम्मेदार ठहरा रहल बा लो।

319260cookie-checkस्कूली बच्चन से खचाखच भरल रहे बस, चलत बस से अचानक गिर गइल मासूम, कमजोर दिल वाला ना देखे लोग VIDEO

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.