Supreme Court YT Hacked: सुप्रीम कोर्ट के यूट्यूब चैनल हैक; हैकर्स क्रिप्टोकरेंसी से जुडल वीडियो लाइव कइलें सs 

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 20, 2024

सुप्रीम कोर्ट के यूट्यूब चैनल सुक के हैक हो गइल। एह पs क्रिप्टोकरेंसी से जुड़ल विज्ञापन दिखावल जाये लागल। ई अमेरिका के कंपनी रिपल लैब्स के ओर से विकसित क्रिप्टोकरेंसी से जुड़ल रहे। हैक कइल

Share

सुप्रीम कोर्ट के यूट्यूब चैनल सुक के हैक हो गइल। एह पs क्रिप्टोकरेंसी से जुड़ल विज्ञापन दिखावल जाये लागल। ई अमेरिका के कंपनी रिपल लैब्स के ओर से विकसित क्रिप्टोकरेंसी से जुड़ल रहे। हैक कइल गइल चैनल पs एगो ब्लैंक वीडियो प्रसारित कइल गइल। एकर शीर्षक ‘ब्रैड गार्लिंगहाउस: रिपल एसईसी के $2 बिलियन के जुर्माना पs प्रतिक्रिया दिहल गइल! एक्सआरपी मूल्य भविष्यवाणी’ रहे।

सर्वोच्च न्यायालय संविधान पीठन के समक्ष सूचीबद्ध आ जनहित से जुड़ल ममिलन के लाइव सुनवाई के स्ट्रीम करे खातिर यूट्यूब के इस्तेमाल करत बा। तत्कालीन सीजेआई यूयू ललित के अध्यक्षता में पूर्ण न्यायालय के बैठक में एगो सर्वसम्मत निर्णय एकरा के लेके कइल गइल रहे। एकरा तहत शीर्ष न्यायालय 2018 में ममिला पs एगो महत्वपूर्ण फैसला के बाद सब संविधान पीठ के सुनवाई के कार्यवाही के लाइव-स्ट्रीम करे के निर्णय लिहल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.