[the_ad_group id="30365"]

सत्य निकेतन हादसा: पीजी ऑपरेटर सुधांशु आ ठेकेदार सनोज गिरफ्तार, खतरनाक बिल्डिंग के ढहावै क काम जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 नई दिल्ली। दिल्ली के सत्य निकेतन में बीतल रविवार के इमारत ढहलै के मामला में PG ऑपरेटर सुधांशु के गिरफ्तार कइ लिहल गइल बाऽ।

दिल्ली पुलिस के अनुसार मामला में पीजी के संचालक सुधांशु के गिरफ्तारी हो चुकल बा आ ओसे पूछताछ कीहल जा रहल बा। ओसे पूछताछ के बाद पुलिस आगे के जानकारी साझा करी।

लेबर कॉन्ट्रैक्टर सनोज भइल गिरफ्तार

सुधांशु के साथे पुलिस लेबर कॉन्ट्रैक्टर सनोज आ महेश के गिरफ्तार किहले बा। महेश हरिराम गुप्ता क बेटा हवै। पुलिस जांच के संबंध में ए दूनों क मेडिकल टेस्ट करावल गइल आ अन्य जांच बाकी बा।

पुलिस के अनुसार महेश पुलिस हिरासत में बतावल कि Satya Niketan Building Collapse वाला इमारत के दू बिजनेस पार्टनर शुभम त्यागी आ सुधांशु(Satya Niketan PG operator) के अगस्त 2025 में लीज प दिहल गइल रहैऽ। ई दूनों बिल्डिंग के ‘हॉस्टल डेज’ नाम से पीजी के रूप में चलावत रहै।

एकरे साथ ही एमसीडी हादसा वाले इमारत के बगल वाला इमारत के ढहावै क काम शुरू कइ दिहलै रहै। रविवार के बाद ई इमारत क्षतिग्रस्त हो गइल रहै आ डेंजरस मार्क कीहल गइल रहै।

हादसा में 7 लोगन के गइल जान

हादसा में पांच छात्रन समेत सात लोगन क मउत भइल रहै। पुलिस एसे पहिले भवन स्वामी हरिराम गुप्ता, उंकरे पत्नी उर्मिला आ बेटा महेश के गिरफ्तार कइले रहै।

प्रारंभिक जांच के मुताबिक प्रापर्टी नंबर पी-13 उर्मिला के नाम प रजिस्टर्ड रहै, बिजली क कनेक्शन हरिराम के नाम प रहै, जबकि महेश पीजी क मैनेजमेंट देखेत रहो।

सत्य निकेतन सुधांशु के चार पीजी होखलै क पता चलल

सुधांशु जर्जर भवन के मरम्मत करावै के बाद रंगरोगन कराकर हॉस्टल डेज के नाम से पीजी चलावत रहै। फिलहाल आठ कमरा में डीयू के 13 छात्र रहत रहलै ।

हालांकि हर कमरा में चार-चार बिस्तर लागल रहै। रविवार के दिन होखलै के कारण घटना के समय पीजी में आठ छात्रे ही मौजूद रहलै। पांच छात्र बाहर अपने दोस्तन अ रिश्तेदारन के इहां चल गइल रहलै। एगो छात्र से पीजी मालिक 14-16 हजार रुपया वसूलत रहै।

डीसीपी दक्षिण-पश्चिम जिला अमित गोयल के कहल हवे कि सुधांशु क हॉस्टल डेज के नाम से ओही इलाका में चार आ पीजी होखलै के पता चलल बा। जर्जर बिल्डिंग में पीजी चलावै के खातिर केतना रुपिया में सुधांशु के भवन लीज प दिहल गइल रहै, एकर जांच कईल जा रहल बा।

एम्स में भर्ती चार में से दू मरीज डिस्चार्ज, एक के हालत गंभीर

इमारत गिरलै के घटना के बाद एम्स ट्रामा सेंटर में भर्ती चार मरीजन में से दू के डिस्चार्ज कऽ दिहल गइल बा। एगो मरीज के हालत गंभीर बा, जबकि एक अन्य क स्थिर बा।

एम्स के मीडिया सेल प्रमुख डॉ. (प्रो.) रीमा दादा के ओर से सोमवार रात दीहल गइल जानकारी के अनुसार, भर्ती आदित्य आ नितीश चिब के उपचार के बाद सोमवार सांझी के अस्पताल से छुट्टी दे दीहल गइल।

नीरज बावा के गहन चिकित्सा इकाई (आइसीयू) में रखल गइल बा आ उंकर हालत गंभीर बा। असगर अली के स्थिति स्थिर बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]