[the_ad_group id="30365"]

Sasaram News: सासाराम में भीषण सड़क हादसा, ट्रक में जा घुसल महाकुंभ से लवट रहल बोलेरो; दुगो महिला के मौत-8 घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सासाराम। सासाराम के शिवसागर थाना क्षेत्र के ग्राम घोरघट के लगे राष्ट्रीय राज्य मार्ग पs बुध के सड़क किनारे खड़ा एगो ट्रक में कुंभ स्नान कs के वापस लवट रहल श्रद्धालुअन के बोलेरो पिकअप गाड़ी पीछे से टक्कर मार देलस। एकरा बाद उहां चीख-पुकार मच गइल।

मृतकन के भइल पहचान

एह घटना में दुगो महिला श्रद्धालुअन के मौत हो गइल, जबकि आठ गो श्रद्धालु बुरा तरे से जख्मी हो गइल। मृत महिला लोगन के पहचान 40 साल के हिंदू दास आ लक्ष्मी के रूप में कइल गइल बा।

घायलन के भइल पहचान

ओहिजा, घायलन में उज्जवल दास, शिसा दास, पल्लवी बनर्जी, रंजन घोष, रोहन घोष, जीतू दास, लखी चक्रवर्ती सहित आउर लोग सामिल बा।

बतावल जात बा कि पश्चिम बंगाल के उतर परगना के रहे वाला श्रद्धालु उत्तरप्रदेश प्रयाग से कुंभ मेला में नहा के वापस लवटल रहे लो, तबे शिवसागर थाना क्षेत्र के ग्राम घोरघट के लगे सड़क किनारे खड़ा एगो ट्रक मे पीछे से श्रद्धालुअन के बोलोरो पिकअप गाड़ी टकरा गइल।

सब घायलन के स्थानीय पुलिस एनएचएआई के एम्बुलेंस से सब घायलन के सदर अस्पताल के ट्रामा सेन्टर में भरती करावल गइल।

Read Also: Champions Trophy: चैंपियंस ट्रॉफी खातिर भारतीय टीम में बदलाव, बुमराह-जायसवाल बाहर; हर्षित-वरुण के मवका

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]