[the_ad_group id="30365"]

सारण के कुख्यात अनु अपना सहजोगी के संगे गिरफ्तार : 50 हजार के रहे इनाम, पुलिस के विशेष टीम दबोचलस… कइयन ममिला बा दर्ज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण पुलिस दियारा के कुख्यात अनु सिंह के ओकरा दो सहजोगियन के संगे गिरफ्तार कइले बिया। दु सहजोगियन के पहचान चंदन कुमार आ विशाल कुमार के रूप में भइल बा। कुख्यात अनु के ऊपर पुलिस मुख्यालय 50 हजार के इनाम रखले बा। अनु पर अलग-अलग थाना में पांच गो ममिला दर्ज बा।

हत्या, लूट, अपहरण, रंगदारी सहित कइयन संगीन ममिला दर्ज बा। ई गिरफ्तारी पहलेजा ओपी पुलिस के निरदेस आ विशेष टीम कावर से योजनाबद्ध तरीका से कइल गइल बा। ओकरा लगे से एगो देसी तमंचा सहित चार जिंदा कारतूस, मोबाइल आ बाइक जब्त कइल गइल बा।

कुख्यात अपराधी के गिरफ्तारी के जानकारी एसपी गौरव मंगला प्रेस रिलीज के माध्यम से देलें। सोनपुर थाना में प्राथमिकी दर्ज करत न्यायिक हिरासत में भेजे के तइयारी कइल जा रहल बा। ई गिरफ्तारी पहलेजा थाना पुलिस आ एसटीएफ टीम कइले बिया।

एकरा कारण 50 हजार इनाम के राशि पहलेजा थाना आ एसटीएफ टीम के दिहल जाई। हाले में पुलिस मुख्यालय के निरदेस पs जिला पुलिस कावर से कुख्यात अपराधियन के लिस्ट आ इनाम राशि जारी कइल गइल रहे। जेमे अन्नू के नाम दर्ज बा। गिरफ्तार अन्नू के सारण के सोनपुर दियारा में आतंक रहे।

कुख्यात अन्नू के आपराधिक लिस्ट

1. सोनपुर थाना कांड संख्या-817/19, धारा-394 भा0द0वि0।

2. सोनपुर थाना कांड संख्या-827/19, धारा-414 भा0द0वि0 एवं 25(1-बी) ए /26/35 आर्म्स अधि०।

3. सोनपुर थाना कांड संख्या-298/19, धारा-394 भा0द0वि0 एवं 27 आर्म्स अधि०।

4. सोनपुर थाना कांड संख्या-774/19, धारा-392 भा0द0वि0।

5. सोनपुर थाना कांड संख्या-379/19, धारा-413/414 भा0द0वि0 एवं 25(1-बी) ए/26/35 आर्म्स अधि०।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]