सारण। बिहार के सारण जिला में एगो दर्दनाक सड़क हादसा में तीन लोगन के जान चल गइल आ पांच लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। ई घटना दिघवारा थाना क्षेत्र के सैदपुर गांव के लगे अतवार के रात में भइल।
शिव चरचा से लवटत बेरा भइल हादसा
बतावल जा रहल बा कि सब लोग दिघवारा के मानोपुर से शिव चरचा कार्यक्रम में हिस्सा लेके टैंपो से आपन गांव झौवा बसंत (गड़खा थाना क्षेत्र) लौटत रहे। एही बीच तेज रफ्तार आ अनियंत्रित स्कॉर्पियो आके टैंपो में जोरदार टक्कर मार देलस।
टक्कर एतना जोरदार रहे कि टैंपो के चिथड़ा उड़ गइल आ अंदर बइठल लोग चीख-पुकार मचे लागल।
तीन लोग के मौत
एह हादसा में झौवा बसंत निवासी 48 बरिस के लालझरी देवी (किशन देवराम के पत्नी), 17 बरिस के बृजमोहन मांझी उर्फ सुखन सुकन आ 60 बरिस के शंकर राम के घटनास्थल पs मौत हो गइल। खबर गांव पहुंचतही घर-घर में चीख-पुकार मच गइल।
घायलन के इलाज जारी
घटना में घायल पांच लोगन के स्थानीय लोगन के मदद से दिघवारा प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र ले जाइल गइल, जहां से कुछ के हालत गंभीर देख के छपरा सदर अस्पताल रेफर कइल गइल। डॉक्टर लोग बतावल कि कुछ घायलन के हालत अभियो नाजुक बा।
स्कार्पियो चालक फरार
हादसा के बाद स्कार्पियो चालक गाड़ी लेके फरार हो गइल। सूचना मिलतही दिघवारा थाना पुलिस मवका पs पहुंचल आ शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस। पुलिस अब फरार गाड़ी आ चालक के तलाश में जुट गइल बिया।








