[the_ad_group id="30365"]

Sambhal Violence : मास्टरमाइंड शारिक साठा के घर कुर्की के कार्रवाई, चार लोगन के हो गइल रहे मौत

Police seize property of Sambhal violence mastermind Sharik Satha after court order
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संभल। जामा मस्जिद सर्वे के विरोध में 24 नवंबर 2024 के भइल हिंसा के मास्टरमाइंड शारिक साठा के मकान सहित आउर संपत्तियन पs बुध के दिन कुर्की के कार्रवाई सुरू कइल गइल। जिला न्यायालय से मंगर के दिन आदेस जारी भइला के बाद पुलिस-प्रशासन के टीम दुपहरिया करीब 12 बजे शारिक साठा के 210 गज में बनल पुश्तैनी मकान पs पहुंचल।

मवका पs मुनादी करावत साठा के हिस्सा के एक-चौथाई संपत्ति कुर्क करे के ऐलान कइल गइल। हिंसा के दौरान पथराव, फायरिंग आ आगजनी भइल रहे, जवना में भीड़ में सामिल बिलाल, नईम, कैफ आ अयान के गोली लागे से मौत हो गइल रहे। जांच में हिंसा भड़कावे आ हत्या के साजिश रचे में शारिक साठा के नाम सामने आइल रहे।

कोतवाली पुलिस शारिक साठा के खिलाफ चार लोगन के हत्या के ममिला में अलग-अलग प्राथमिकी दर्ज कइले बा। ऊ चारो ममिला में अभियो वांछित चल रहल बा।

Read Also: UP SIR के तहत वोटर लिस्ट में नाम जुड़वावे के बदलल नियम, फॉर्म-6 के संगे अब देवेके होई ई कागजात

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]