[the_ad_group id="30365"]

संभल में होली पs तिरपाल से ढकल जाई मस्जिद, शाही जामा मस्जिद के भी नाव बा शामिल

संभल में होली पs तिरपाल से ढकल जाई मस्जिद
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के संभल में होली के मौका पs 10 गो मस्जिद के तिरपाल से ढंकल जाई। असल में होली जुलूस मार्ग पs पड़े वाला सगरी मस्जिद तिरपाल से ढंकल रही. एह मस्जिदन में शाही जामा मस्जिद भी शामिल बा। बता दीं कि आज इलाहाबाद हाईकोर्ट भी बुध के भारत के पुरातत्व सर्वेक्षण यानी एएसआई के निर्देश देले बा कि संभल में स्थित जामा मस्जिद के पेंटिंग के काम एक हफ्ता के भीतर पूरा कs लेव। संबंधित पक्ष के सुनवाई के बाद न्यायमूर्ति रोहित रंजन अग्रवाल एएसआई के निर्देश देले कि मस्जिद के बाहरी दीवार के रंगाई-पोताइ आ ओहिजा बत्ती लगावे।

शाहजहांपुर में भी मस्जिद के तिरपाल से ढंकल जा रहल बा

बता दीं कि कवनो विवाद से बचे खातिर मस्जिदन के तिरपाल से ढंकला के खबर पहिले भी आइल बा। यूपी के शाहजहांपुर में भी होली के मौका पs मस्जिद के तिरपाल से ढंकल गईल बा। शाहजहांपुर में होली के दिन लाट साहब के जुलूस निकालल जाला आ एकरा खातिर शहर के करीब 67 गो मस्जिद आ मजार के तिरपाल से ढंकला के काम कइल गइल बा. एसपी बतवले कि शहर से बाहर आवे वाला पारम्परिक लाट साहेब के 10 किलोमीटर के रूट में आवे वाला सभ मस्जिद/मजार के करिया पन्नी अवुरी तिरपाल से ढंकल बा, ताकि ओकरा पs होली के रंग ना पड़े।

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]