[the_ad_group id="30365"]

Kamaal R Khan : रिहायशी बिल्डिंग पs गोली चलावे के आरोप में कमाल आर खान गिरफ्तार, खुद मान लेलें गलती

Kamaal R Khan arrested by Mumbai Police in residential building firing case
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। फिल्म देशद्रोही आ कइयन गो विलेन किरदार में नजर आ चुकल जानल-मानल अभिनेता आ फिल्म क्रिटिक कमाल आर खान (KRK) एह दिनन पुलिस के गिरफ्त में बाड़ें। उनका गिरफ्तारी के कारण बनल बा रिहायशी इलाका में गोली चलावे के गंभीर ममिला, जवना के सच खुद KRK पुलिस के सामने कबूल कs लेलें।

दरअसल, मुंबई के ओशिवारा इलाका में इस्थित एगो रिहायशी बिल्डिंग पs गोली चलावे के आरोप में मुंबई पुलिस कमाल आर खान के हिरासत में लेले बिया। जानकारी के मोताबिक, 18 जनवरी 2026 के KRK चार राउंड फायरिंग कइले रहलें। एह घटना के बाद पुलिस हरकत में आइल आ सुक, 23 जनवरी 2026 के कमाल आर खान के गिरफ्तार कs लेलस।

पुलिस हिरासत में पूछताछ के दौरान KRK आपन बयान देत बतवलें कि ऊ आपन लाइसेंसी बंदूक साफ करत रहलें। बंदूक के सफाई के बाद ओकर फंक्शनिंग चेक करे के चक्कर में उनका से गोली चल गइल। KRK के कहनाम बा कि उनकर इरादा केहू के नुकसान पहुंचावे के बिल्कुले ना रहे।

कमाल आर खान पुलिस के बतवलें कि ऊ बंदूक के कामकाज जांचे खातिर घर के सामने मवजूद मैंग्रोव जंगल के दिशा में गोली चलवलें। उनका लागल कि गोली जंगल में जा के खो जाई। बाकिर तेज हवा के चलते गोली रास्ता बदल लेलस आ ओशिवारा के एगो रिहायशी बिल्डिंग में जा लागल।

जवना बिल्डिंग में गोली लागल, ओह में एगो जानल-मानल राइटर-डायरेक्टर आ एगो मॉडल के फ्लैट बतावल जा रहल बा। रिपोर्ट के मोताबिक, पुलिस ओह जगह से दूगो गोली बरामद कइले बिया। गनीमत रहल कि एह घटना में केहू घायल ना भइल, ना तs ममिला आउर गंभीर हो सकत रहे।

सुरुआत में पुलिस के लगे गोली चलावे वालन के बारे में साफ जानकारी ना रहे। बाद में फोरेंसिक टीम के मदद से जांच आगे बढ़ल आ शक कमाल आर खान के बंगला पs गइल। जांच में मिलल सबूत के आधार पs पुलिस KRK से पूछताछ कइलस, जवना में ऊ खुद फायरिंग के बात मान लेलें।

फिलहाल, मुंबई पुलिस पूरा ममिला के जांच कs रहल बिया आ लाइसेंसी हथियार के इस्तेमाल में लापरवाही बरते के आरोप में आगे के कानूनी कार्रवाई के तइयारी चल रहल बा।

Read Also: Mhow Contaminated Water : इंदौर के बाद महू में फूटल ‘दूषित पानी’ के बम, 250 घर चपेट में, 30 से जादे  लोग बेमार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]