12वीं पास खातिर बाल विकास विभाग में मवका: टीचिंग आ नॉन टीचिंग स्टाफ खातिर बंपर भर्ती, 2 लाख तक मिली सैलरी

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 1, 2023

सरकारी नौकरी के तलाश में जुटल नवहन खातिर हमनी के फेर से 5 गो लेटेस्ट सरकारी नौकरियन के जानकारी के संगे हाजिर बानी सs। एकलव्य मॉडल रेसिडेंशियल स्कूल (EMRS) में टीचिंग अउर नॉन टीचिंग स्टाफ

Share

सरकारी नौकरी के तलाश में जुटल नवहन खातिर हमनी के फेर से 5 गो लेटेस्ट सरकारी नौकरियन के जानकारी के संगे हाजिर बानी सs। एकलव्य मॉडल रेसिडेंशियल स्कूल (EMRS) में टीचिंग अउर नॉन टीचिंग स्टाफ खातिर 4062 पदन पs वैकेंसी आइल बा। सेलेक्ट होखला पs 18000 रुपिया से लेके 2,09200 रुपए तक हर महीना सैलरी मिली।

झारखंड में 230 पदन पs कम्युनिटी हेल्थ ऑफिसर के वैकेंसी आइल बा। फार्म भरे के आखिरी तारीख 18 जुलाई बा। जम्मू विश्वविद्यालय में प्रोफेसर, असिस्टेंट डायरेक्टर आ आउर खातिर 180 पदन पs वैकेंसी आइल बा। सेलेक्ट होखला पs 57,700 रुपए से 2,18,200 रुपए तक प्रति महीना सैलरी मिली।

अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान माने एम्स जोधपुर में स्टाफ के 303 अलग-अलग पदन पs वैकेंसी निकलल बा। भर्ती में सिलेक्ट होखला पs उम्मीदवारन के हर महीना 47 हजार से लेके 1 लाख 51 हजार रुपिया तक सैलरी दिहल जाई।

राज्य बाल संरक्षण समिति, छत्तीसगढ़ अध्यक्ष से लेके सामाजिक कार्यकर्ता के 74 पदन पs वैकेंसी निकलले बा। 12वीं पास कैंडिडेट्स एह भर्ती खातिर अप्लाई कs सकत बा लो। 15 जुलाई लास्ट डेट बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.