सहारनपुर : जिला जज न्यायालय के फैसला अइला के बाद कलेक्ट्रेट परिसर में बनल मस्जिद के बुलडोजर से ढहा दिहल गइल। कवनो अप्रिय घटना के आशंका के देखत शहर में जगह-जगह बड़ संख्या में पुलिस बल तैनात कs दिहल गइल बा। हालांकि, राते ममें मस्जिद गिरावे के अफवाह फइल गइल रहे। इंटरनेट मीडिया पs सांसद आ पार्षद लो बयानबाजी करत रहे।
मस्जिद के अवैध बतावत बजरंग दल के पूर्व प्रांत संयोजक विकास त्यागी मार्च 2025 में शिकायत कइले रहलें कि कलेक्ट्रेट परिसर में बनल मस्जिद अवैध बा। उनका शिकायत में कहल गइल रहे कि परिसर के बेवसायिक इस्तेमालो हो रहल बा, जवन कलेक्ट्रेट परिसर के सुरक्षा खातिर खतरा बा। ई ममिला करीब डेढ़ साल से सिटी मजिस्ट्रेट कोर्ट में चलत आवत रहे।
जुलाई में कोर्ट मस्जिद के अवैध मान लेले रहे। एकरा बाद जिला जज न्यायालय तीन दिन पहिले दिहल गइल अपना आदेस में सिटी मजिस्ट्रेट के आदेस के सही ठहरवले रहे।
जिला न्यायालय के फैसला के बाद कार्रवाई
हालांकि, सुक के राते से अफवाह फइलत रहे कि मस्जिद के ध्वस्त कइल जा रहल बा। एकरा बाद पार्षद लोग आ सांसद इमरान मसूद इंटरनेट मीडिया पs आके आपन बात रखले रहलें।
सनिचर के भोरे में मवका पs छव गो बुलडोजर के मदद से मस्जिद के ध्वस्त करे के कार्रवाई सुरू कइल गइल। कवनो अप्रिय घटना के आशंका के देखत शहर में जगह-जगह भारी पुलिस बल तैनात कइल गइल बा।
Read Also:






