Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सनराइजर्स दूसरका बेर जीतलस SA20 : डरबन सुपर जायंट्स के 89 रन से हरवलस ; एबेल-ट्रिस्टन स्टब्स के फिफ्टी

1,980

सनराइजर्स ईस्टर्न केप साउथ अफ्रीकी लीग SA20 के लगातार दूसरका टाइटल जीत लेले बा। टीम फाइनल मुकाबला में डरबन सुपर जायंट्स के 89 रन से हरवलस। सनराइजर्स के टीम लीग के पहिलको सीजन में चैंपियन बनल रहे।

केपटाउन के न्यूलैंड्स मैदान पs सनीचर रात 205 रन के टारगेट के पीछा कs रहल डरबन सुपर जायंट्स 17 ओवर में 115 रन पs ऑलआउट हो गइल। एकरा पहिले, सनराइजर्स टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत 20 ओवर में तीन विकेट पs 204 रन बनवलस।

टॉम एबेल (55 रन) प्लेयर ऑफ द मैच रहलें। जबकि हेनरिक क्लासेन के प्लेयर ऑफ द सीरीज चुनल गइल।

खराब रहल सुपर जायंट्स के सुरुआत, डीकॉक ना चललें 

जवाबी पारी में डरबन सुपर जायंट्स के टीम बड़ स्कोर के दबाव में बिखर गइल। टीम के सुरुआत खराब रहल आ पांच रन के स्कोर पs कप्तान क्विंटन डीकॉक तीन रन बनाके आउट हो गइल। टीम के ओर से वायन मुल्डर सबसे जादे 38 रन बनवलें। ड्वेन प्रीटोरियस 28 आ जूनियर डाला 15 रन के जोगदान देलें। बाकि बल्लेबाज ना चलल लो।

गेंदबाजी में मार्को यानसेन के पांच विकेट मिलल। डैनियल वॉराल आ ऑटनल बार्थमैन के 2-2 सफलता मिलल।

सनराइजर्स से एबेल आ स्टब्स के फिफ्टी

टॉस जीतके पहिले बैटिंग कs रहल सनराइजर्स के ओर से नंबर-3 पs उतरल टॉम एबेल (55 रन) आ ट्रिस्टन स्टब्स (नाबाद 56 रन) अर्धशतकीय पारी खेलल लो, जबकि ओपनर जॉर्डन हरमन आ कप्तान ऐडन मार्करम 42-42 रन के पारी खेलल लो। डेविड मलान छवे रन बना सकलें। केशव महाराज दु आ रीस टॉप्ली के एक विकेट मिलल।

प्लेइंग इलेवन

सनराइजर्स ईस्टर्न केप: जॉर्डन हरमन, डेविड मलान, टॉम एबेल, ऐडन मार्करम (कप्तान), ट्रिस्टन स्टब्स (विकेटकीपर), पैट्रिक क्रूगर, मार्को यानसन, लियम डॉसन, साइमन हार्मर, डैनियल वॉराल आ ऑटनल बार्थमैन।

डरबन सुपर जायंट्स: मैथ्यू ब्रीट्जकी, फॉफ डु प्लेसिस (विकेटकीपर), जेजे स्मट्स, भानुका राजपक्षे, हेनरिक क्लासन, ड्वेन प्रीटोरियस, वायन मुल्डर, केशव महाराज (कप्तान), रीस टॉप्ली, जूनियर डाला और नवीन-उल-हक

734920cookie-checkसनराइजर्स दूसरका बेर जीतलस SA20 : डरबन सुपर जायंट्स के 89 रन से हरवलस ; एबेल-ट्रिस्टन स्टब्स के फिफ्टी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.