Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: सहजनवां में 10.43 करोड़ रुपिया से बनी ग्रामीण स्टेडियम, शासन से मिलल प्रस्ताव के मंजूरी

917
सीवान इन्शुरेंस 720 90

जिला युवा कल्याण अधिकारी अमित कुमार सिंह बतवलें कि सहजनवां में 10.43 करोड़ रुपिया लागत से बने वाला ग्रामीण स्टेडियम के निर्माण खातिर शासन से स्वीकृति मिल गइल बा। ओहिजा बड़हलगंज ग्रामीण स्टेडियम में खेल से संबंधित सुविधा उपलब्ध करावे खातिर 1.12 करोड़ रुपिया मिलल बा।

गोरखपुर जिला के सहजनवां में इस्थित भोला राम मस्करा इंटर कॉलेज के खाली पड़ल तीन एकड़ जमीन पs 10.43 करोड़ के लागत से ग्रामीण स्टेडियम के निर्माण करावल जाई। मंगर के युवा कल्याण एवं प्रांतीय रक्षक दल विभाग के एह प्रस्ताव के शासन से मंजूरी मिल गइल बा। स्टेडियम निर्माण खातिर यूपीपीसीएल के कार्यदायी संस्था बनावल गइल बा।

ग्रामीण क्षेत्र के खेल प्रतिभा के निखारे खातिर इंटर कॉलेज के खाली पड़ल 2.146 हेक्टेयर जमीन पs ग्रामीण स्टेडियम के निर्माण खातिर महानिदेशक युवा कल्याण विभाग के प्रस्ताव भेजल गइल रहे। स्टेडियम निर्माण खातिर 10 करोड़ 43 लाख 75 हजार रुपिया अवमुक्त करत यूपीपीसीएल के कार्यदायी संस्था नामित कइल गइल बा। ज्लादिये निर्माण के काम सुरू हो जाई।

स्टेडियम के मल्टीपरज हॉल में कुश्ती, कबड्डी, टेनिस, बैडमिंटन, टेबल टेनिस आदि खेल खेले के बेवस्था होई। रनिंग ट्रैक, शूटिंग रेंज, खिलाड़ियन खातिर चेंज रूम, पार्किंग आदि के बेवस्था होई।

बड़हलगंज ग्रामीण स्टेडियम खातिर मिलल 1.12 करोड़ रुपिया 

बड़हलगंज इस्थित ग्रामीण स्टेडियम में खेल से जुड़ल आउर सुविधन के उपलब्ध करावे खातिर शासन से 1.12 करोड़ रुपिया मिलल बा। ओने, ब्रह्मपुर ब्लॉक के डुबौली में बन रहल ग्रामीण स्टेडियम के निर्माण तकरीबन पूरा हो चुकल बा। जलदिये ओकरा के युवा कल्याण विभाग के हस्तांतरित कs दिहल जाई।

बांसगांव आ बरहजो में बनी स्टेडियम

बांसगांव आ बरहज विधानसभा में एकहs गो ग्रामीण स्टेडियम के निर्माण करावल जाई। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 12 मार्च के कौड़ीराम में सांसद खेल स्पर्धा के समापन समारोह में एकर घोषणा कs चुकल बाड़ें। एकरा बाद से विभाग जरूरी कार्यवाही में जुट गइल बा।

जिला युवा कल्याण अधिकारी अमित कुमार सिंह बतवलें कि सहजनवां में 10.43 करोड़ रुपिया लागत से बने वाला ग्रामीण स्टेडियम के निर्माण खातिर शासन से स्वीकृति मिल गइल बा। ओहिजा बड़हलगंज ग्रामीण स्टेडियम में खेल से संबंधित सुविधा उपलब्ध करावे खातिर 1.12 करोड़ रुपिया मिलल बा।

साभार: अमर उजाला

482130cookie-checkGorakhpur News: सहजनवां में 10.43 करोड़ रुपिया से बनी ग्रामीण स्टेडियम, शासन से मिलल प्रस्ताव के मंजूरी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.