[the_ad_group id="30365"]

RR vs RCB Pitch Report: बैटर्स भा बॉलर्स, केकरा हक में होई अहमदाबाद के पिच? कवनो एगो टीम के टूटी फाइनल के सपना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

RR vs RCB Pitch Report: आईपीएल 2024 के एलिमिनेटर मैच में रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु के भिड़ंत राजस्थान रॉयल्स के साथे बा । ई मोकाबला अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में खेलल जाई। एह मुकाबले में जीत हासिल करे वाली टीम फाइनल खातिर एगो कदम बढ़ाई। एह मैच में जीत हासिल करे वाली टीम के क्वालीफायर-2 मोकाबला में क्वालीफायर-1 गंवावे वाली टीम से टक्कर होई।

आईपीएल 2024 के एलिमिनेटर मैच में रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु के भिड़ंत राजस्थान रॉयल्स के साथे बा। ई मोकाबला अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में खेलल जाई। एह मोकाबला में जीत हासिल करे वाली टीम फाइनल खातिर एगो कदम बढ़ाई।एह मैच में जीत हासिल करे वाली टीम के क्वालीफायर-2 मोकाबला में क्वालीफायर-1 गंवावे वाली टीम से टक्कर होई। अइसे में अहमदाबाद के पिच कइसे खेली, आई जानल जाव एह आर्टिकल के जरिए।

RR vs RCB Pitch Report: कइसन खेली अहमदाबाद के पिच?

आरसीबी आ राजस्थान रॉयल्स के बीच आईपीएल 2024 के एलिमिनेटर मैच अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम मे खेलल जाई। अहमदाबाद के पिच आमतौर पs बल्लेबाजन खातिर काफी फायदेमंद रहल बा। ओहिजा, गेंदबाजनो के एह पिच पs मदद मिलेला। इहवाँ खेलल गइल कई मैचन में धीमा पिचो देखे के मिलल आ बैटर्स के खूब रन बनावत देखल गइल बा।

RR vs RCB: का कहत बा आंकड़ा ?

मौजूदा आईपीएल सीजन में एह मैदान पs कुल 7 मैच खेलल गइल, जवना से एगो मैच बरखा से धोआइल, जबकि दू बार एह ग्राउंड पs 200 प्लस रन बनल बा। ओहिजा, गुजरात टाइटंस के टीम 89 रन पs ऑलआउटो एही मैदान पs भइल, अइसे में एह पिच पs काफी संभल के खेले के जरूरत बा।

RR vs RCB Head-to-head Record: आरसीबी बनाम राजस्थान के बीचे हेड-टू-हेड रिकॉर्ड

आरसीबी बनाम राजस्थान रॉयल्स के बीचे आईपीएल के इतिहास में कुल 31 बार भिड़ंत हो चुकल बा, जवना से 15 मैच आरसीबी अपना नांवे कइलस, जबकि 13 मैचन में राजस्थान के टीम के जीत मिलल। तीन गो मैच बेनतीजा रहल। अइसे में राजस्थान पs आरसीबी के पलड़ा भारी रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]