[the_ad_group id="30365"]

Roshan Anand : ‘फैजल खान करवलें हमरा के भाई के हत्या’, पटना में जेल से बाहर निकलते रौशन आनंद लगवलें बड़ आरोप

Roshan Anand Bail News
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। राजधानी पटना के मुसल्लहपुर हाट में इस्थित फैजल खान उर्फ खान सर के कोचिंग खान ग्लोबल स्टडीज पs बवाल के ममिला में जेल में बंद ज्ञान बिंदु कोचिंग के संचालक रौशन आनंद सोमार के जेल से बाहर आ गइलें। जेल से बाहर आवतही रौशन आनंद मीडिया से बातचीत में फैजल खान पs गंभीर आरोप लगवलें। ऊ कहलें कि फैजल खान आ किसान कोल्ड स्टोरेज के मालिक आरएस प्रसाद मिलके उनका भाई के हत्या करवा देले बा लोग।

बता दीं कि 2 जून के रात भइल विवाद के अगिला दिने पुलिस उनका के गिरफ्तार कs लेले रहे। जमानत मिलला के बाद दुपहरिया में ऊ बेउर जेल से बाहर निकललें।

जेल गइला के बाद साजिश रच के ले लिहल गइल जान

रौशन आनंद कहलें कि जब ऊ बाहर रहस तs उनका भाई के हत्या काहे ना भइल। जेल गइला के बाद साजिश के तहत ओकर जान ले लिहल गइल। ऊ आरोप लगवलें कि फैजल खान बहुत झूठ बोलत बाड़ें आ उनकर नार्को टेस्ट होखे के चाहीं।

रौशन कहलें कि पहिले फैजल खान कहत रहलें कि गोली हमनी के चलववले बानी सs, बाकिर वीडियो सामने अइला के बाद पता चलल कि गोली चलावे में उनकर भूमिका रहे। ऊ कहलें कि एह ममिला में सरकार आ न्यायालय पs पूरा भरोसा बा। हमनी के न्याय जरूर मिली।

भाई प्रिंस यादव के अंतिम संस्कार में सामिल होखे खातिर सहरसा रवाना

जेल से बाहर अइला के बाद रौशन आनंद सीधे अपना भाई प्रिंस यादव के अंतिम संस्कार में सामिल होखे खातिर सहरसा रवाना हो गइलें। प्रिंस यादव के नेपाल के विराटनगर इस्थित एगो होटल में संदिग्ध परिस्थिति में मौत हो गइल रहे। बतावल जा रहल बा कि प्रिंस के आंख के ऊपर चोट के निशान मिलल रहे।

एह ममिला में नेपाल पुलिस प्रिंस यादव के साथ रहल चार लोगन के हिरासत में ले लेले रहे। नेपाल में जरूरी कानूनी प्रक्रिया पूरा भइला के बाद शव के सहरसा ले आवल गइल। एह घटना के बाद ममिला अब राजनीतिक रंग ले लेले बा आ अलग-अलग दल के नेता एकरा पs आपन प्रतिक्रिया दे रहल बा लोग।

Read Also: India on Iran-US Deal : अमेरिका-ईरान समझौता पs पीएम मोदी कहलें- सहमति के स्वागत बा, बातचीत से टिकाऊ आ अंतिम समझौता के उम्मीद

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]