Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सचिन तेंदुलकर, विराट कोहली आ रोहित शर्मा के क्रिकेट के दुनिया पs राज, तीनों खिलाड़ी बनले नंबर वन

1,184

 

टेस्ट, वनडे अवुरी टी-20 में सबसे जादा शतक : फिलहाल भारतीय टीम के स्टार खिलाड़ी क्रिकेट दुनिया पs एक तरह से राज करतारे। कल के सचिन तेंदुलकर होखे भा आजु खेलत विराट कोहली आ रोहित शर्मा। रोहित अवुरी कोहली करीब 15 महीना बाद टी-20 क्रिकेट में वापसी करत रहले। बाकिर वापसी के बाद दुनु खिलाड़ी देखा दिहलन कि अबहियो टी-20 क्रिकेट खेले के इरादा बा आ ऊ जल्दी से रन बना सकेलें। ओने सचिन, विराट आ रोहित अइसन बल्लेबाज बन गइल बाड़न जे क्रिकेट के तीनों फॉर्मेट में व्यक्तिगत रूप से अधिका से अधिका शतक बनावे वाला बल्लेबाज बन गइल बाड़न।

सचिन तेंदुलकर के टेस्ट में सबले बेसी शतक बा, कोहली के वनडे में नंबर वन बाड़े

सबसे पहिले टेस्ट क्रिकेट के बात कईल जाए। टेस्ट क्रिकेट में सबसे जादा शतक बनावे के रिकार्ड सचिन तेंदुलकर के नाम पs बा, जेकरा के क्रिकेट के देवता कहल जाला। अपना कैरियर के दौरान ऊ जवन सौ शतक बनवले बाड़न ओहमें से 51 गो शतक खाली टेस्ट में आइल बा। वनडे में ऊ 49 गो शतक बनवले बाड़न। एकरा बाद दक्षिण अफ्रीका के जैक कैलिस के नाम दूसरा स्थान पs बा। उs 45 शतक बनवले बाड़े। मतलब कि सचिन के करीब भी दुनिया में कवनो बल्लेबाज नईखन। अगर एकरा बाद वनडे के बात करीं तs विराट कोहली के नाम एहिजा आवत बा। विराट कोहली वनडे क्रिकेट में आपन 50 शतक पूरा कर लिहले बाड़न। हालही में खेलल गइल वनडे विश्व कप 2023 के दौरान ऊ पहिले सचिन तेंदुलकर के बराबरी कइलन आ ओकरा बाद आपन 50वां शतक बना के ईs रिकार्ड तूड़ दिहलन। इहाँ सिर्फ दुगो भारतीय बल्लेबाज टॉप 2 में बाड़े।

टी-20 इंटरनेशनल में रोहित शर्मा के सबसे जादा शतक बा

अब टी20 इंटरनेशनल के बात कइल जाव। अफगानिस्तान के खिलाफ खेलल गइल टी-20 सीरीज के तिसरका मैच में रोहित शर्मा 121 रन के शानदार पारी खेलले। एह प्रारूप में रोहित शर्मा के ई पाँचवा शतक हs।एकरा से पहिले ऊ एह फॉर्मेट में चार गो शतक बनवले रहले। रोहित शर्मा के बाद ग्लेन मैक्सवेल अवुरी सूर्यकुमार यादव भी आपन चार-चार शतक पूरा कईले। माने कि एहिजा रोहित संयुक्त रूप से नंबर वन पs रहले बाकिर अब पाँचवा शतक बनवला के बाद फेरू एकलौता नंबर वन बल्लेबाज बन गइल बाड़न। अब सूर्या आ मैक्सवेल दुसरका जगहा पs आ गइल बाड़े।

 

 

 

 

 

714680cookie-checkसचिन तेंदुलकर, विराट कोहली आ रोहित शर्मा के क्रिकेट के दुनिया पs राज, तीनों खिलाड़ी बनले नंबर वन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.