सियाराम ज्वेलर्स के मालिक से 10 लाख के लूट: 3 राउंड फायरिंग कs के भगलें सs अपराधी

By Anurag Ranjan

Published on: May 2, 2024

पटना में बुध के रात नाला रोड में सियाराम ज्वेलर्स के मालिक से 10 लाख के लूट भइल बा। घटना नाला रोड इस्थित शशि कॉम्प्लेक्स के लगे के हs। आभूषण दुकानदार बतवलें कि बाकरगंज इस्थित

Share

पटना में बुध के रात नाला रोड में सियाराम ज्वेलर्स के मालिक से 10 लाख के लूट भइल बा। घटना नाला रोड इस्थित शशि कॉम्प्लेक्स के लगे के हs। आभूषण दुकानदार बतवलें कि बाकरगंज इस्थित आपन दुकान बंद कs के घरे लवटत रहलें। स्कूटी पs उनका संगे तीन गो आउर लोग रहे। एही दौरान नाला रोड में अज्ञात लोग उनका के हाथ देके रोकवावल। जइसे रूक के कुछ समझ पवते तब तक रोके वाला लोग बैग पs अटैक कs देलें सs।

बैग छीनाझपटी के दौरान आभूषण दुकानदार आ उनका साथ के लोग अपराधियन से बहादुरी देखावत लड़बो कइल लो। हो हल्ला देखके स्थानीय लोग आ गइल।

तब तक दहशत फइलावे खातिर अपराधी फायरिंग सुरू कs दिहल। दुकानदार के मोताबिक तीन राउंड फायरिंग कइल गइल आ बैग लूटके भागे में अपराधी सफल रहलें सs। बैग में 10 लाख रुपिया रहे। दुगो बाइक आ एगो स्कॉर्पियो से अपराधी रहलें सs।

पकड़ल गइल एगो अपराधी

डीएसपी टाउन अशोक सिंह बतवलें कि बेयपारी से लूट भइल बा। शशि कॉम्प्लेक्स के लगे नाला रोड में घटना के अंजाम दिहल गइल बा। आभूषण दुकानदार आ स्थानीय लोग बहुते हिम्मत देखावल।

अपराधियन से ई लोग फाइट कइल। लोगन के मदद से एगो अपराधी पकड़ल गइल बा। बाकी आउर अपराधियन के बहुते जल्द गिरफ्तारी कइल जाई। छानबीन चल रहल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.