[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में सड़क सुरक्षा अभियान के तहत भाषण आ पोस्टर प्रतियोगिता के आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना (एनएसएस) के दयानन्द आ विवेकानंद इकाई के ओर से सड़क सुरक्षा अभियान के तहत सोमार के कार्यक्रम आयोजित कइल गइल। एह क्रम में अपराह्न 11 बजे से सड़क सुरक्षा जागरूकता पर पोस्टर प्रतियोगिता करावल गइल, जवना में छात्र-छात्रा सड़क सुरक्षा से जुड़ल अलग-अलग पोस्टर बनवलें।

पोस्टर प्रतियोगिता में आदर्श, नाजिया, रिद्धिमा, रिया, अभिषेक, श्रेया सहित कइयन गो विद्यार्थी हिस्सा लेलें। सब विद्यार्थी सड़क पs सुरक्षित चलल, हेलमेट पहिनल, ट्रैफिक नियम के पालन जइसन विषयन पs पोस्टर तइयार कइल लोग।

एकरा बाद दुपहरिया के 12 बजे से भाषण प्रतियोगिता आयोजित भइल, जवना में छात्र-छात्रा आपन बेवहारिक अनुभव साझा करत सड़क सुरक्षा आ जागरूकता कार्यक्रमन के महत्त्व बतावल लोग। बीए तृतीय सेमेस्टर के छात्रा मरियम अपना भाषण में यातायात नियम के पालन पs खास जोर देली, जबकि आयुष भारत में बढ़त सड़क दुर्घटनन के इस्थिति पs रोशनी डलली।

कार्यक्रम के सुरुआत में कार्यक्रम अधिकारी डॉ. शत्रुघ्न सिंह राष्ट्रीय सेवा योजना में सड़क सुरक्षा जागरूकता अभियान के महत्त्व आ एह में स्वयंसेवकन के भूमिका पs विस्तार से बात रखलें। दूनों प्रतियोगितन के संयोजन कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता कइलीं। भूगोल विभाग के सहायक आचार्य डॉ. उमरा जमाल निर्णायक के भूमिका निभइली।

परिणाम के घोषणा अनुसार पोस्टर प्रतियोगिता में नाजिया पहिला, रिद्धिमा दूसरा आ रिया तीसरा स्थान हासिल कइली। ओहिजा भाषण प्रतियोगिता में मरियम पहिला, आस्था दूसरा आ अमृता तीसरा स्थान पइली।

एह अवसर पs महाविद्यालय के वरिष्ठ शिक्षक प्रो. प्रवीण सिन्हा, डॉ. आशाराम, डॉ. कुलदीप द्विवेदी, डॉ. पूनम, डॉ. शिवम, डॉ. विश्वदीपक सहित आउर शिक्षक मवजूद रहल लोग।

Read Also: Kishtwar Encounter : किश्तवाड़ एनकाउंटर में सेना के जवान शहीद, जैश के तीन आतंकी घिरलें सs; गोलीबारी जारी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]