लखनऊ यूनिवर्सिटी के लगे धंसल सड़क, एतना बड़ गड्ढा कि समा जाई पूरा कार

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 13, 2024

  उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में बियफे के दिने एगो बड़हन हादसा हो गइल. बता दीं कि अचानक 10 फीट के सड़क लखनऊ विश्वविद्यालय के पास अंदर में घुस गईल। एह हादसा के बाद

Share

लखनऊ यूनिवर्सिटी के लगे धसल सड़क: फोटो

 

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में बियफे के दिने एगो बड़हन हादसा हो गइल. बता दीं कि अचानक 10 फीट के सड़क लखनऊ विश्वविद्यालय के पास अंदर में घुस गईल। एह हादसा के बाद सड़क के डायवर्ट कs दिहल गईल बा। बतावल जाता कि लगातार बरखा के चलते सड़क के नीचे से पानी लीक होखत रहे, जवना के चलते सड़क के एगो बड़ हिस्सा अंदर में घुस गईल। सौभाग्य के बात रहे कि गिरला के समय सड़क से कवनो गाड़ी ना गुजरत रहे, ना तs कवनो बड़ दुर्घटना हो जाता। फिलहाल गाड़ी के दोसरा रूट से मोड़ देवे के प्रयास कईल जाता.

गाड़ियन के डायवर्ट कइल जा रहल बा

असल में शहर में काफी समय से लगातार बरखा हो रहल बा। बरखा के चलते कई जगहा पानी के भरल देखल जा रहल बा। एही बीच लखनऊ विश्वविद्यालय के नजदीक एगो सड़क के नीचे से पानी लीक होखत रहे। लगातार पानी के रिसाव के चलते सड़क अंदर में घुस गईल। सड़क पs करीब 10 फीट गहरा गड्ढा बन गईल। ई हादसा लखनऊ विश्वविद्यालय के लगे भइल. सड़क गिरला के बाद लोक निर्माण विभाग एs इलाका में बैरिकेडिंग कs देले बा। संगही सड़क धसला के चलते ट्रैफिक डायवर्सन कईल गईल बा। दूसरा ओर से गाड़ी के निकाले के इंतजाम कईल गईल बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.