आइवरी कोस्ट में भीषण सड़क हादसा के बाद बस में लागल आग, 26 के मउत, घायल भइले 28 लोग

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 7, 2024

आइवरी कोस्ट में एगो भयानक दुर्घटना हो गइल बा. एहिजा दू गो बसन के बीच भइल भयावह टक्कर में नाहियो तs 26 लोग के मउत हो गइल आ 28 जने घवाहिल हो गइले.  अधिकारी एs

Share

आइवरी कोस्ट में एगो भयानक दुर्घटना

आइवरी कोस्ट में एगो भयानक दुर्घटना हो गइल बा. एहिजा दू गो बसन के बीच भइल भयावह टक्कर में नाहियो तs 26 लोग के मउत हो गइल आ 28 जने घवाहिल हो गइले.  अधिकारी एs दुर्घटना के बारे में जानकारी देले बाड़े।  परिवहन मंत्रालय के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि देश के मध्य पश्चिम के ब्रोकोआ गांव में दु गाड़ी के टक्कर हो गईल। बयान में कहल गईल कि मामला के जांच शुरू कs दिहल गईल बा। 

जरे के चलते लोग के मउत
परिवहन मंत्रालय के मुताबिक, टक्कर के बाद भईल आग में जरे से मरल 26 लोग के मउत हो गईल।  स्थानीय मीडिया के ओर से प्रसारित भईल एs घटना के वीडियो में दु गाड़ी में आग लागल देखाई देता। सड़क दुर्घटना के बाद इलाका में दहशत मच गईल।

परिवहन मंत्री का कहले?
दुर्घटना के बाद परिवहन मंत्रालय के ओर से बयान जारी कs दिहल गईल बा। बयान में परिवहन मंत्री जनता से यातायात नियम के पालन कs के अवुरी सावधान रहे के अपील कईले बाड़े।  उs कहले कि यातायात नियम के पालन कईला से सड़क दुर्घटना से बचवल जा सकता।  मंत्री एs दुर्घटना के लेके दुख भी जतवले बाड़े।


इहो पढ़ीं: गोरखपुर: तीन गो बाइक में भइल भिड़ंत, 5 लोग के मउत से मचल हड़कंप

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.