Rice Export: भारत मलयेशिया के 2 लाख टन गैर-बासमती सफेद चावल के निर्यात के अनुमति देलस, इ बा कारण

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 21, 2024

विदेश व्यापार महानिदेशालय एगो अधिसूचना जारी कऽ के एनसीईएल के माध्यम से मलेशिया में 2,00,000 मेट्रिक टन गैर बासमती सफेद चावल के निर्यात के अनुमति देले बा। सरकार नेशनल कोआपरेटिव एक्सपोर्ट्स लिमिटेड (एनसीईएल) के माध्यम

Share

विदेश व्यापार महानिदेशालय एगो अधिसूचना जारी कऽ के एनसीईएल के माध्यम से मलेशिया में 2,00,000 मेट्रिक टन गैर बासमती सफेद चावल के निर्यात के अनुमति देले बा।

सरकार नेशनल कोआपरेटिव एक्सपोर्ट्स लिमिटेड (एनसीईएल) के माध्यम से दू लाख टन गैर बासमती सफेद चावल के मलेशिया में निर्यात करे के अनुमति देले बिया। हालांकि घरेलू आपूर्ति बढ़ावे खातिर 20 जुलाई 2023 से गैर-बासमती सफेद चावल के निर्यात पर रोक लगा दिहल गइल बा, बाकिर कुछ देशन में ओह लोग के खाद्य सुरक्षा के जरूरत के पूरा करे खातिर सरकारी अनुमति के आधार पर निर्यात के अनुमति बा।

विदेश व्यापार महानिदेशालय (डीजीएफटी) के ओर से जारी अधिसूचना में कहल गईल कि, एनसीईएल के माध्यम से मलेशिया में 2,00,000 मेट्रिक टन गैर बासमती सफेद चावल के निर्यात के अनुमति बा।

भारत एकरा से पहिले नेपाल, कैमरून, कोट डी आइवर, गिनी, मलेशिया, फिलीपींस अवुरी सेशेल्स जइसन देश में ए निर्यात के अनुमति देले बा।  एनसीईएल एगो बहुराज्य सहकारी संस्था हऽ। एकरा के देश के कुछ प्रमुख सहकारी संस्था संयुक्त रूप से बढ़ावा देवेले। एह सहकारी समितियन में गुजरात सहकारी दूध विपणन महासंघ (जीसीएमएमएफ) जवना के लोकप्रिय रूप से अमूल के नाम से जानल जाला, भारतीय किसान खाद सहकारी लिमिटेड (आईएफएफसीओ), कृषक भारती सहकारी लिमिटेड (केआरआईबीएचसीओ) आ भारतीय राष्ट्रीय कृषि सहकारी विपणन महासंघ लिमिटेड (नाफेड) आदि शामिल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.