[the_ad_group id="30365"]

9 लाख के कार में 80 लाख के इज्जत! आम आदमी खातिर रेंज रोवर से कम नइखे, आंख मूंद के रउवा खरीद सकत बानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 Best Budget Compact SUV In India: इंडिया में कस्टमर अब हैचबैक से अधिका कॉम्पैक्ट एसयूवी के पसंद करे लागल बाड़े। इहे कारण बा कि 10 लाख के रेंज में आवे वाली कार के बिक्री बहुत ज्यादा बा। अइसे में एगो कार अइसनो बिया जवन रउवा के रेंज रोवर के फील दीही। आई जाने के कवन ऊ कार बिया।

पिछला कुछ साल में इंडियन ऑटोमोबाइल मार्केट तेजी से बदलल बा आ अब ग्राहक बजट कार से ज्यादा मिड रेंज एसयूवी के ज्यादा पसंद कर रहल बाड़े। एकरो में कॉम्पैक्ट एसयूवी उनकर पहली पसंद बनत जा रहल बिया । एकर सबसे बड़ कारण स्पेस पावर के संगे मिले वाला कंफर्ट बा ।कंपनि भी अपना कारन के लाइनअप में एक या दु कॉम्पैक्ट एसयूवी जरूर रख रहल बिया। एही सब कार के बिच एगो अइसने कार बिया जवन लोग के पहिला पसंद बन रहल बिया। 9 लाख के एह कार में रउवा 80 लाख के फ़िल आई।

मारुति सुजुकी पिछला साल भारतीय बाजार में brezza facelift (मारुति ब्रेज़्ज़ा फेसलीफ्ट) के लॉन्च कइले रहे। एह एसयूवी के ग्राहकन के जबरदस्त प्रतिक्रिया मिल रहल बा। ब्रेज्जा के अइसन जलवा चल रहल बा कि लॉन्च होखला के सिर्फ 2 महीना के भीतर ही एकरा 1 लाख यूनिट्स से ज्यादा के बुकिंग मिल गइल रहे। उहवें पिछला साल कंपनी ब्रेजा के लाखन यूनिट्स बेचलस । कंपनी हर महीने एह एसयूवी के औसतन 13,000-15,000 यूनिट्स के बिक्री कर रहल बिया।

माइलेजो बहुत बढ़िया बा!

ब्रेज़ा के बेहतरीन माइलेज के चलते ऊ लोग के भी पसंद आ रहल बा। इ उ कार ह जवन कि अपना सेगमेंट में सबसे जादा माइलेज देवेले। पेट्रोल इंजन में ब्रेज़ा के माइलेज 20.15 किमीपीएल बा, जबकि सीएनजी में इ कार 25.51 किमी/किलोग्राम के माइलेज देवे में सक्षम बा। इ अपना सेगमेंट के अकेला एसयूवी बा जवन कि बेहतर ईंधन दक्षता खातीर हल्का हाइब्रिड तकनीक से लैस बा।

इंजन आ पॉवर

इंजन के बात कइल जाए त एकरा में 1.5 लीटर के15सी ड्यूलजेट पेट्रोल इंजन बा। कंपनी ए इंजन के इस्तेमाल एर्टिगा अवरू एक्सएल6 जईसन कार में भी करतिया। इ इंजन 101hp के पावर अवरू 136Nm के टॉर्क पैदा करेला। जबकि सीएनजी मोड में इंजन 88hp आ 121.5Nm के टॉर्क देवेला। पेट्रोल मॉडल में 5 स्पीड मैनुअल अवरू 6 स्पीड ऑटोमैटिक ट्रांसमिशन के विकल्प बा जबकि सीएनजी में सिर्फ मैनुअल ट्रांसमिशन बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]