[the_ad_group id="30365"]

कवि लेखक आ साहित्यिक चिंतक विश्वनाथ प्रसाद तिवारी जी के होई गोरखपुर लिटेररी फेस्टिवल में आगमन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल (Gorakhpur Literary Festival) के एह साल के आयोजन 7-8 जनवरी के होटल विवेक उत्सव लॉन, बैंक रोड, एसबीआई मेन ब्रांच के सोझा, गोरखपुर में होई। गोरखपुर में साहित्य के सबसे बड़ आ अनूठा पहल GLF के एह साल के आयोजन में देस के ख्याति प्राप्त साहित्यकार आ कलाकार लोगन के मवजूदगी रही। एह साल के गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल में सामिल होखेम व्यास आ गंगाधर सम्मान से सम्मानित विश्वनाथ प्रसाद तिवारी। आई जानल जाव इहां के बारे में…

व्यास सम्मान आ गंगाधर सम्मान से सम्मानित बानी विश्वनाथ प्रसाद तिवारी जी

व्यास सम्मान, गंगाधर सम्मान से सम्मानित विश्वनाथ प्रसाद तिवारी जी भारतीय कवि, लेखक आउर साहित्यिक चिंतक आ विश्लेषक हई। रउआ साहित्य अकादमी के अध्यक्ष रह चुकल बानी। तिवारी जी सरस्वती सम्मान से सम्मानित पत्रिका ‘दस्तावेज’ के संपादन कइले बानी। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय, गोरखपुर के हिंदी विभागाध्यक्ष रहल श्री तिवारी साहित्य जगत में जानल पहचानल नाम बानी। आदरणीय विश्वनाथ जी के आशीर्वाद गोरखपुर लिटरेरी फेस्ट परिवार के एकरा सुरुआत से लगातार मिलत रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]