[the_ad_group id="30365"]

Redmi ला रहल बा एगो तगड़ा 5G स्मार्टफोन, मिली 50MP के शानदार कैमरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेडमी आपन नोट 11 सीरीज के नयका स्मार्टफोन Redmi Note 11S 5G के जल्दिये लॉन्च क सकत बा। फोन के लॉन्च के अब लगभग तय मानल जा रहल बा काहेंसेकि ई अपकमिंग डिवाइस FCC (यानी फेडेरल कम्युनिकेशन कमिशन) पर सर्टिफाइ हो गइल बा। रेडमी एह फोन में 50 मेगापिक्सल के प्राइमरी कैमरा के संगे 5000mAh बैटरी अउर डाइमेंसिटी 810 चिपसेट देवे आला बा। फोन के कीमत एकरे 4G से ज्यादा रहने के उम्मीद बा। कंपनी भारतो मे एह फोन के जल्दिए लॉन्च क सकत बा। फिलहाल आई जानल जा एकरे फीचर अउर स्पेसिफिकेशन के बारे में।

ए फीचर्स के संगे आ सकत बा रेडमी नोट 11S 5G

फोन में कंपनी 1080×2400 पिक्सल रेजॉलूशन के संगे 6.6 इंच के फुल एचडी+ LCD डिस्प्ले दे सकत बा। ई डिस्प्ले 90Hz के रिफ्रेश रेट के सपोर्ट करी। पंच-होल कटआउट डिजाइन आला एह डिस्प्ले के ब्राइटनेस 450 निट्स होखले के उम्मीद बा अउर ई कॉर्निंग गोरिल्ला ग्लास प्रोटेक्शन के संगे आई। कंपनी एह फोन के 6जीबी तक के रैम अउर 128जीबी तक के इंटरनल स्टोरेज के संगे ला सकत बा। प्रोसेसर के तौर पर एमें ऑक्टा-कोर मीडियाटेक डाइमेंसिटी 810 चिपसेट मिलले के उम्मीद बा।

फोटोग्राफी खातिर कंपनी एह फोन में एलईडी फ्लैश के संगे ड्यूल कैमरा सेटअप दे सकsता। एमें 50 मेगापिक्सल के प्राइमरी लेंस के संगे एगो 8 मेगापिक्सल के अल्ट्रा-वाइड ऐंगल लेंस शामिल हो सकsला। उहें, सेल्फी खातिर फोन में 16 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा मिलले के उम्मीद बा।

फोन साइड-माउंटेड फिंगरप्रिंट सेंसर के संगे आ सकsला अउर एमें आपके 5000mAh के बैटरी देहल जा सकत बा। ई बैटरी 33 वॉट के फास्ट चार्जिंग सपोर्ट करी। फोन में कंपनी ऐंड्रॉयड 11 पर बेस्ड MIUI 12.5 ऑफर क सकतिया। उहें, कनेक्टिविटी खातिर एमें ड्यूल बैंड वाई-फाई, ब्लूटूथ 5.1, एनएफसी, 5G और यूएसबी टाइप-C पोर्ट जइसन ऑप्शन दे सकतिया।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]