Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर से एक बार फेर लोकसभा चुनाव लड़िहें रवि किशन : CM योगी के परंपरागत सीट पs BJP दोबारा देलस मौका, बांसगांव से चउथा बेर कमलेश बनलें उम्मीदवार

141

भारतीय जनता पार्टी लोकसभा चुनाव खातिर प्रत्याशियन के लिस्ट जारी कs देले बिया। गोरखपुर में पार्टी फेर एक बेर फिल्म स्टार रवि किशन शुक्ल पs भरोसा जतवले बिया। ओहिजा, बांसगांव सीट से तीन बेर के सांसद कमलेश पासवान के फेर से उम्मीदवार बनावल गइल बा। CM योगी के परंपरागत सीट से पहिला बेर साल 2019 में चुनाव लड़के रवि किशन संसद पहुंचल रहस। ऊ अपना प्रतिद्वंद्वी सपा के रामभुआल निषाद के 3,01,664 वोटन के भारी अंतर से हरवले रहस।

साल 2017 में योगी आदित्यनाथ के मुख्यमंत्री बनला के बाद भइल उपचुनाव में महागठबंधन के प्रत्याशी प्रवीण निषाद BJP उम्मीदवार उपेंद्र शुक्ल के हराके बड़ उलटफेर कइले रहस। बाद में BJP आ निषाद पार्टी में गठबंधन होखला के बाद प्रवीण निषाद के संतकबीर नगर भेजल गइल। एकरा बाद CM के परंपरागत सीट से रवि किशन सांसद बनले। हालांकि, बीतल दिनन रवि किशन के टिकट कटला के चरचा रहे, बाकिर आज जारी भइल लिस्ट में पार्टी फेर एक बेर उनका पs भरोसा जतवले बिया।

मूल रूप से जौनपुर के रहनिहार हवे रवि

मूल रूप से जौनपुर के रहे वाला 53 साल के रवि किशन शुक्ल के अधिकतर दुनिया रवि किशन के नाम से जानेले। ऊ भोजपुरी सिनेमा के संगे-संगे बालीवुड के मेन स्ट्रीम फिल्मन आ टेलीविजन के दुनिया के बड़ नाम हवे। फरवरी 2017 में भाजपा में सामिल भइल रवि किशन 2018 के गोरखपुर महोत्सव में स्टेज शो कइले रहस। एकरा बादे से ऊ गोरखपुर से आपन राजनीति करे के प्रयास सुरू कs देले रहस।

कांग्रेस के टिकट पs जौनपुर से लड़ले रहस चुनाव

रवि किशन भाजपा से पहिले कांग्रेस में रहस। ऊ जौनपुर से कांग्रेस के टिकट पs 2014 के लोकसभा चुनाव लड़ल राlहस। साल 2017 में ऊ भाजपा के दामन थमलें। BJP में अइला के बाद ऊ एगो इंटरव्यू देके पार्टी के प्रचार करे के इक्षा जतवले रहस। एकरा बाद 2019 में बदलल समीकरण में CM योगी के विश्वास पाके ऊ पहिला बेर गोरखपुर से सांसद बनलें। दोबारा टिकट मिलला पs राजनीतिक विश्लेषक रवि किशन के पार्टी में मजबूत पोजीशन के दावा कइल जा रहल बा।

754560cookie-checkगोरखपुर से एक बार फेर लोकसभा चुनाव लड़िहें रवि किशन : CM योगी के परंपरागत सीट पs BJP दोबारा देलस मौका, बांसगांव से चउथा बेर कमलेश बनलें उम्मीदवार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.