[the_ad_group id="30365"]

रवि एशियाई कुश्ती में गोल्डेन हैट्रिक लगावे आला पहिला भारतीय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय पहलवान रवि कुमार दहिया (57 किग्रा) सनिचर के एशियाई चैंपियनशिप में लगातार तीसरका स्वर्ण(GOLD) पदक जीतके गोल्डन हैट्रिक लगवले । रवि एशियाई चैंपियनशिप में फ्री स्टाइल में तीन गो स्वर्ण पदक जीते आला पहिलका भारतीय बनले। टोक्यो ओलंपिक के रजत पदक विजेता रवि फाइनल में कजाखस्तान के रखत कालजान के 12-2 से पराजित कइले। रवि दिल्ली में 2020 में आ  पिछला साल अलमाटी में पियरका तमगा जीतल रहस। ई उनकर सत्र के दूसरका फाइनल रहे। ऊ फरवरी में डान कोलोव स्पर्धा में रजत पदक जीतले रहस।

दियवले पहिलका स्वर्ण

खिताबी भिड़ंत में कलजान ‘टेक डाउन’ से आगे हो गइल रहस आ बहुत देर ले ऊ रवि के कवनो अंक ना लेवे देले। बाकिर अपना शैली के अनुरूप रवि तकनीकी श्रेष्ठता के बदौलत मुकाबला पs आपन दबाव बनावल सुरू कs देले। ऊ लगातार छव गो ‘टू-प्वाइंटर’ हासिल कइले आ एह बीचे खुद के ‘लेफ्ट-लेग अटैक’  बचइबो कइले। एहसे ई मुकाबला दूसरका पीरियड के सुरूए में खत्म हो गइल आ भारत एह साल के टूर्नामेंट के पहिला स्वर्ण पदक जीत लेलस।

पिछड़ला के बाद जीतले तीनों मैच

टोक्यो ओलंपिक के रजत पदक विजेता रवि आपन सब मुकाबला पिछड़लाके बाद जीतले। सोनीपत के नहरी गांव के रवि पहिला मुकाबला में जापान के रिकुतो अराई के तकनीकी श्रेष्ठता (15-4) से आ दूसरका मुकाबला में मंगोलिया के जानाबाजार जंदनबुड के 12-5 से मात देके फाइनल में जगह बनवले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]