रतन टाटा के सांझ 4 बजे होई अंतिम संस्कार

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 10, 2024

  दिग्गज उद्योगपति रतन टाटा के निधन पs देश भर के हस्ती दुख जतवले बाड़न. देश विदेश में रहे वाला भारतीय भी उनुका निधन पs दुख जतवले बाड़े। एक दिन महाराष्ट्र आ झारखंड समेत कई

Share

रतन टाटा: फोटो

 

दिग्गज उद्योगपति रतन टाटा के निधन पs देश भर के हस्ती दुख जतवले बाड़न. देश विदेश में रहे वाला भारतीय भी उनुका निधन पs दुख जतवले बाड़े। एक दिन महाराष्ट्र आ झारखंड समेत कई राज्यन में राज्य शोक मनावल गइल. पीएम मोदी भी उनुका निधन पs दुख जतवले बाड़े। रतन टाटा के नश्वर पार्थिव शरीर के सबेरे दस बजे से दर्शन खातीर एनसीपीए में राखल गइल बा।

रतन टाटा के अंतिम संस्कार मुंबई के वर्ली में करावल जाई. उनुकर शव सबेरे दस बजे आखिरी दर्शन खातिर राखल जाई आ दुपहरिया साढ़े तीन बजे एनसीपीए से आखिरी संस्कार खातिर वर्ली ले जाइल जाई. मुंबई पुलिस के दक्षिण अंचल के अपर आयुक्त अभिनव देशमुख बतवले कि रतन टाटा के नश्वर पार्थिव शरीर के सबेरे दस बजे से दुपहरिया साढ़े तीन बजे के बीच दर्शन खातीर एनसीपीए में राखल जाई एह दौरान पुलिस सुरक्षा के सगरी इंतजाम करी.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.