अलविदा भारत के ‘रतन’: सुबेरे 10 बजे से श्रद्धांजलि दे सकेले लो, अंतिम संस्कार कब-कहां?

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 10, 2024

देश के मशहूर उद्योगपति रतन टाटा बुध के रात 11.30 बजे मुंबई के ब्रीच कैंडी अस्पताल में 86 बरीस के उमिर में आखिरी साँस लिहलन. रतन टाटा के इलाज मुंबई के ब्रीच कैंडी अस्पताल में

Share

रतन टाटा: फोटो

देश के मशहूर उद्योगपति रतन टाटा बुध के रात 11.30 बजे मुंबई के ब्रीच कैंडी अस्पताल में 86 बरीस के उमिर में आखिरी साँस लिहलन. रतन टाटा के इलाज मुंबई के ब्रीच कैंडी अस्पताल में चलत रहे, जहां उनुका सांस लेवे में परेशानी के चलते भर्ती करावल गईल। आज रतन टाटा के पार्थिव शरीर नरीमन प्लाइंट के NCPA लॉन में रखल जाई। रतन टाटा के निधन पs महाराष्ट्र सरकार आजु मुंबई में सगरी सरकारी कार्यक्रम रद्द करे के एलान कइले बिया. महाराष्ट्र सरकार भी उनुकर अंतिम संस्कार राज्य सम्मान के संगे करे के फैसला कईले बिया।

अंतिम संस्कार वर्ली श्मशान घाट पs कइल जाई

रतन टाटा के नश्वर पार्थिव शरीर काल्हु देर रात ब्रीच कैंडी अस्पताल से उनुका कोलाबा स्थित घर ले जाइल गइल जहाँ से आजु नरीमन प्वाइंट ले आवल जाई जेहसे कि आम जनता दिवंगत आत्मा के नमन कs सके. दुपहरिया साढ़े तीन बजे उनकर नश्वर पार्थिव शरीर के दाह संस्कार खातिर वर्ली शवदाह गृह में ले जाइल जाई। एही बीच झारखंड सरकार रतन टाटा के निधन पs एक दिन के राज्य शोक के घोषणा कईले बिया। रतन टाटा के निधन पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू समेत देश के दिग्गज नेता दुख जतवले बाड़े। रिलायंस इंडस्ट्रीज के अध्यक्ष मुकेश अंबानी अवुरी अडानी ग्रुप के अध्यक्ष गौतम अडानी भी रतन टाटा के निधन पs शोक जतवले बाड़े।

भारत आ विदेश से आ रहल बा शोक संदेश

आज रतन टाटा के नश्वर पार्थिव शरीर अंतिम दर्शन खातिर रखल जाई। देश भर से विदेश से उनुका खातिर शोक संदेश उमड़ रहल बा। सबके मालूम बा कि रतन टाटा जवन कमाईले ओकरा से जादे दान देले। उs खाली टाटा इंडस्ट्री ना बल्कि देश के निर्माण के काम कईले।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.