मुंबई के सिद्धिविनायक मंदिर के प्रसाद पs विवाद, चूहा मिलले पs का बोललस ट्रस्ट?

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2024

  तिरुपति मंदिर के प्रसाद के लेके जारी विवाद के बीच मुंबई के सिद्धिविनायक मंदिर के प्रसाद के लेके एगो वीडियो क्लिप सामने आईल बा। वीडियो में मंदिर के प्रसाद लड्डू में चूहा के बच्चा

Share

सिद्धिविनायक मंदिर के प्रसाद पs विवाद: फोटो

 

तिरुपति मंदिर के प्रसाद के लेके जारी विवाद के बीच मुंबई के सिद्धिविनायक मंदिर के प्रसाद के लेके एगो वीडियो क्लिप सामने आईल बा। वीडियो में मंदिर के प्रसाद लड्डू में चूहा के बच्चा मिलल बा। एकरा लेके मामला बढ़ला के बाद मंदिर ट्रस्ट के बयान सोझा आईल बा। मंदिर ट्रस्ट के दावा बा कि इs क्लिप हमनी के मंदिर के नईखे, बालुक कहीं बहरी के देखाई देता। केहू चूहा के प्लास्टिक के थैली में रखले बा। ट्रस्ट के कहनाम बा कि एs मामला के जांच डीसीपी स्तर के पुलिस अधिकारी करीहे। जांच में पता चल जाई कि क्लिप कब बनल, कहाँ बनल, चूहा कहां से आईल अवुरी के रखले बा।

ट्रस्ट कहलस कि, “मंदिर परिसर में केहु अयीसन करी तs सभ सीसीटीवी के भी जांच कईल जाई। जहां लड्डू प्रसाद बनावल जाला, उहाँ उच्च गुणवत्ता वाला घी अवुरी पानी के इस्तेमाल होखेला, जवना के परीक्षण बीएमसी लैब में होखेला, ट्रस्ट के खिलाफ कवनो साजिश हो सकता, जेकरा के दोषी पावल जाई ओकरा खिलाफ कड़ा कार्रवाई होई।”

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.