22 मार्च 2022 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 22, 2022

दिनांक- 22/03/2022 श्री गणेशाय नमः  आज के पंचांग चैत कृष्ण पक्ष तिथि- चतुर्थी सुबह 07 बजके 45 मिनट ले, ओकरा बाद पंचमी। दिन-मंगर। विशाखा नक्षत्र रात के 09 बजके 34 मिनट ले, ओकरा बाद अनुराधा

Share

दिनांक- 22/03/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

चैत कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्थी

सुबह 07 बजके 45 मिनट ले,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन-मंगर।

विशाखा नक्षत्र

रात के 09 बजके 34 मिनट ले,

ओकरा बाद अनुराधा नक्षत्र।

हर्षण जोग

रात के 02 बजके 37 मिनट ले,

ओकरा बाद व्रज जोग।

वालव करण।

रंग पंचमी।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-23/03/2022

चैत कृष्ण पक्ष

तिथि-षष्ठी

रात के 03 बजके 23 मिनट ले।

दिन-बुध।

अनुराधा नक्षत्र

रात के 08 बजके 05 मिनट ले।

वज्र जोग

दिन में 11 बजके 42 मिनट ले।

गर करण।

गुरुदय: पूर्वे दिन में 01 बजके 26 मिनट पs

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ से जुड़ल समस्या परेसानी बन सकेला। भाग-दउर रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली।

 वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीवनसाथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी। आंख से जुड़ल परेसानी हो सकेला। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

माई-बाबूजी के सहजोग मिली। रचना के काम में सफलता मिली। नौकरी के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। राजनैतिक महत्व के चाह पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान दीं।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। मानसिक तनाव बनल रही। कवनो काम के लेके चिंता रही। चोट लाग सकत बा। भाग-दउर रही। संघतिया लो के सहजोग मिली। बेवसायिक कोसिस सफल होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान में लाभ मिली। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। कवनो काम के काम पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकेला। भाग-दउर बनल रही। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। कवनो काम के लेके तनाव बन सकेला।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद विवाद से बांची, नुकसान पहुंच सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। उपहार, सम्मान में लाभ मिली। धन यश कीर्ति सम्मान बढ़ी। जीवनसाथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में सफलता हाथे लागी। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। शिक्षा से जुड़ल प्रतियोगिता में भाग ले सकेनी। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी। जीवनसाथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। लमहर समे से चलल आ रहल समस्या दूर होई। परेसानी के समाधान होई। नौकरी में लाभ होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। वाद विवाद से बांचीं। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। कवनो काम में बाझल रहब।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी। रचना के काम सफल होई। माई के स्वास्थ बाधा से भरल रही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.