06 फरवरी 2024 के राशिफल

khabar Bhojpuri Desk
- Sponsored Ads-

दिनांक-06/02/2024
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

माघ कृष्ण पक्ष

- Sponsored Ads-

तिथि- एकादशी

दिन के 04 बजके 07 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वादशी।

दिन- मंगर।

ज्येष्ठा नक्षत्र

सबेरे के 07 बजके 35 मिनट ले,

ओकरा बाद मूल नक्षत्र।

व्याघात जोग

दिन के 08 बजके 50 मिनट ले,

ओकरा बाद हर्षण जोग।

बालव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 07/02/2024

माघ कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वादशी

दिन के 02 बजके 02 मिनट ले।

दिन- बुध।

पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र

भोर के 04 बजके 37 मिनट ले।

वज्र जोग

रात के 02 बजके 52 मिनट ले।

तैतिल करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

व्यवहारिक ममिलन के निपटावे में सफल रहब। रचना के काम में सफलता मिली। कवनहु हद तक आपन भावना के व्यक्त करे में सफलता मिली। पुरान समस्या दूर होई। स्वास्थ के लेके चिंता रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज नया काम आगा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल रही। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

शासन सत्ता के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान भेंटी। जीवन साथी के सहजोग मिली। धन सम्मान यश आउर कीर्ति बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती हाई।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

संघतिया लो के सहजोग मिली। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राजनैतिक महत्व के चाह पूरा होई। खीस पs लगाम राखीं। मानसिक तनाव हो सकेला। भाग-दउर रही। उपहार भा सम्मान मिली। जीवन साथी के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो काम के लेके चिंता रही। संघतिया लोगन से सहजोग मिली। शिक्षा के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल रही। लमहर समे से चलल आ रहल स्वास्थ के समस्या दूर होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। वाद विवाद से बांची। तनाव के कारण बन सकेला। भाग-दउर रही। कवनो काम के पूरा होखला से खुसी मिली।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

जतरा के संजोग बनत बा। बेवसाई लोग के लाभ होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ से जुड़ल चिंता ओरा सकत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम मे रुचि रही। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिने रउआ जवन कवनो काम करेम ओमे उमेद के मोताबिक़ सफलता मिली। संघतिया के सहजोग मिली। रचना के काम में सफलता मिली। उपहार भा सम्मान मिली।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही, संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। बाकिर काम के क्षेत्र में रुकावट आ सकेला। बेकार के भाग दउर रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो जतरा के संजोग मिली, जवन सुख से भरल रही। मानसिक तनाव हो सकेला।
- Sponsored Ads-

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।