06 मार्च 2022 के राशिफल

WordPress database error: [Table 'khabarbh_sdlkopui3678.wp_post_views' doesn't exist]
SELECT SUM(count) AS views FROM wp_post_views WHERE id IN (22496) AND type = 4

दिनांक- 06/03/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि-चतुर्थी।

रात के 10 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन-अतवार।

अश्विनी नक्षत्र

रात के 04 बजके 44 मिनट ले,

ओकरा बाद भरणी नक्षत्र।

ब्रह्म जोग

रात के 01 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद ऐन्द्र जोग।

वलव करण।

सर्वार्थ सिद्धि जोग

04 बजके 44 मिनट ले।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-07/03/2022

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि-पंचमी।

रात के 11 बजके 07 मिनट ले।

दिन-सोमार।

ऐन्द्र जोग।

वव करण।

यायिजयजोग

रात के 11 बजके 07  मिनट ले।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

कवनो काम के पूरा होखला से पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरूरी सामान बढ़ी।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

 बेवसायिक कोसिस सफल रही। बुध के बदलला से आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। सामाजिक काम में मन लागी। रचना के कोसिस सफल रही।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

चलल आ रहल समस्या दूर होखी। शासन सत्ता के सहजोग मिली। स्वास्थ के लेके सचेत रहला के जरूरत बा।जीविका के क्षेत्र में कइल कोसिस सफल रही।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

स्वास्थ में बाधा बन सकेला। मानसिक तनाव बन सकेला। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुते उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राजनैतिक चाह पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान धेयान देला के जरूरत बा। पद आ प्रतिष्ठा में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। सामाजिक काम में मन लागी।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

बेवसायिक कोसिस सफल रही। जीवन साथी के सहजोग मिली। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान दिहीं।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

सुख से भरल सामाचार मिली। शासन सत्ता के सहजोग मिली। बहुते उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। रचना के काम में सफलता मिली।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

घर के काम में बाझल रहब। स्वास्थ के लेके धेयान दिहीं। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

कइल गइल मेहनत सफल रही। सुख से भरल जतरा हो सकेला। जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। दामपत्य जिनगी सुख से भरल रही।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आर्थिक ममिला में सुधार होई। धरम-करम के काम में भाग ले सकेनी। उपहार भा सम्मान मिली। जीवन साथी के सहजोग मिली।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विश्वास में बढ़न्ती होई। धन यश आ किर्ति बढ़ी। कइल गइल मेहनत सफल रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

परिवार के सदस्यन से तनाव मिल सकेला। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीवन साथी के सहजोग मिली।

 

Share This Article
व्याकरणाचार्य, ज्योतिर्विद् धार्मिक अनुष्ठान, भुमि शोधन आ गृह वास्तु परामर्श दाता +91-7607584170