Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

29 मार्च 2022 के राशिफल

275

दिनांक- 29/03/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

चैत कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वादशी

दिन में 02 बजके 16 मिनट ले।

ओकरा बाद त्रयोदशी।

दिन-मंगर

धनिष्ठा नक्षत्र

दिन में 11 बजके 14 मिनट ले,

ओकरा बाद शतभिष नक्षत्र।

साध्य जोग

दिन में 03 बजके 10 मिनट ले,

ओकरा बाद शुभ जोग।

तैतिल करण।

भौम प्रदोष व्रत।

बुढ़वा मंगर।

आज के दिने खास- भौम प्रदोष सुरु कs के 21 दिन ले रोज 11 ऋणमोचन मंगलस्त्रोत्र के सरधा से पाठ कइला से आदमी ऋण से मुक्त हो जाला।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक- 30/03/2022

 चैत कृष्ण पक्ष

तिथि-त्रयोदशी

दिन में 12 बजके 53 मिनट ले।

दिन-बुध।

शतभिष नक्षत्र

दिन में 10 बजके 31 मिनट ले।

शुभ जोग

दिन में 12 बजके 55 मिनट ले।

वलव करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

मानसिक तनाव बन सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया लो के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

मानसिक तनाव बनल रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान बढ़ी। यश कीर्ति आ सम्मान बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

गुरु लो के आशीर्वाद मिली। आर्थिक ममिला में सुधार होई। नौकरी के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ में सुधार होई। संतान सुख भेंटी।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। लईकन के स्वास्थ में बाधा रही। राउर कवनो अइसन आदमी से मुलाकात होई जे रउआ ला हित करी। बेवसाय के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राजनैतिक महत्व के चाह पूरा होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विश्वास पढ़ी। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

स्वास्थ से जुड़ल परेसानी बन सकेला। भाग-दउर रही। पारिवारिक जीनगी सुख से भरल रही। कवनो काम के लेके तनाव बन सकेला।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विश्वास बढ़ी। रचना के काम सफल होई। कवनो नाया काम के योजना बनी। शिक्षा में बढ़न्ती होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

माई के स्वास्थ में बाधा रही। खुदे मानसिक तनाव बन सकेला। जीवनसाथी के सहजोग मिली। उपहार, सम्मान में बढ़न्ती होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक कामन् में बाझल रहब। बेवसायिक कोसिस सफल होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

वाद-विवाद से बांची। मानसिक तनाव बन सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम में आस के मोताबिक बढ़न्ती होई। नौकरी में लाभ होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। काम में बाधा हो सकेला। बेकार के भाग-दउर रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी बढ़ी। नौकरी में लाभ, शिक्षा में बढ़न्ती होई। चोट लागे के संभावना, सावधान रही।
232940cookie-check29 मार्च 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.