Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

23 मार्च 2022 के राशिफल

318

दिनांक- 23/03/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

चैत कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

रात के 03 बजके 23 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन-बुध।

अनुराधा नक्षत्र

रात के 08 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद ज्येष्ठा नक्षत्र।

वज्र जोग

दिन में 11 बजके 42 मिनट ले,

ओकरा बाद सिद्ध जोग।

गर करण।

गुरु उदय:

दिन में 01 बजके 26 मिनट पs,

सर्वार्थामृतसिद्धियोग

रात के 08 बजके 05 मिनट ले।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक- 24 /03/2022

 चैत कृष्ण पक्ष

तिथि-सप्तमी

रात के 01 बजे ले।

दिन-बियफे।

ज्येष्ठा नक्षत्र

साँझ के 06 बजके 27 मिनट ले।

सिद्धि जोग

सुबह 08 बजके 40 मिनट ले।

भद्र करण।

रविजोग

साँझ के 06 बजके 27 मिनट ले।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आर्थिक ममिला में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जतरा के संजोग बन रहल बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

लमहर समे से चलल आ रहल समस्या के समाधान मिली। संघतिया लो के सहजोग मिली। नाया काम के योजना बनी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

स्वास्थ में बाधा रही। मानसिक तनाव बनल रही। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बेवसायिक कोसिस सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। संतान सुख मिली। शिक्षा के क्षेत्र मजबूत होई। जीविका के क्षेत्र में कइल गइल कोसिस सफल रही।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राजनैतिक महत्व के चाह पूरा होई। केहु से तनाव हो सकेला।  भाग-दउर रही। संघतिया लो के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

जतरा के संजोग बन रहल बा। कवनो अइसन आदमी से भेंट होई जे रउआ ला हित करी। धन यश कीर्ति आ सम्मान में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। धीर राखीं। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। शिक्षा के क्षेत्र में प्रगति होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ से जुडल परेसानी बन सकेला। संघतिया लो के सहजोग मिली। भाग-दउर रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक कामन में बाझल रहब। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। कवनो काम के लेके तनाव बन सकेला।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

मानसिक तनाव बनल रही। धीर राखीं। जीवनसाथी के सहजोग मिली। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी के समाधान होई। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी दूर होई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। नौकरी में लाभ के इस्तिथी बनी। कवनो  काम अचके पूरा होखला से आत्म विसवास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। माई-बाबूजी के सहजोग मिली। रचना के काम में सफलता मिली। सम्मान बढ़ी।
229740cookie-check23 मार्च 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.