17 मार्च 2022 के राशिफल

- Sponsored Ads-

दिनांक- 17/03/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

फागुन मास शुक्ल पक्ष

- Sponsored Ads-

तिथि- चतुर्दशी

दिन में 01 बजके 02 मिनट ले।

दिन-बियफे।

पूर्वाफाल्गुनी नक्षत्र

रात के 12 बजके 29 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तराफाल्गुनी नक्षत्र।

शुल जोग

रात के 01 बजके 15 मिनट ले,

ओकरा बाद गण्ड जोग।

वलव करण।

होलिका दहन

 रात के 12 बजके 57 मिनट का बाद।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-18/03/2022

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि-पुर्णिमा

दिन में 12 बजके 52 मिनट ले।

दिन-सुक।

उत्तरा फाल्गुनी नक्षत्र

रात के 12 बजके 43 मिनट ले।

गण्ड जोग

रात के 11 बजके 48 मिनट ले।

वव करण।

 स्नान दान के पुर्णिमा,

काशी में होली,

 चतु: षष्ठी यात्रा, दर्शन पूजन।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

जीवन साथी के समूचा सहजोग मिली। नेत्र भा उदर से जुड़ल परेसानी हो सकेला। सावधान रहीं। बेवसाय मेला मिली। शिक्षा के क्षेत्र में बाधा बन सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

शासन सत्ता के सहजोग मिली। घर के जरूरी काम में बाझल रहेम। उपहार भा सम्मान मिली। जीविका के क्षेत्र में कइल गइल कोसिस सफल रही। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

कइल गइल मेहनत सफल रही। शासन सत्ता के सहजोग मिली। धार्मिक बढ़न्ती होई। रिस्ता मजबूत होई। बेवसाय में लाभ होई। वैवाहिक जिनगी सुख से भरल रही।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरूरी समान बढ़ी। संघतिया लो के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राजनैतिक महत्व के चाह पूरा होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विसवास बढ़ी। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। स्वास्थ प्रभावित हो सकेला। भाग-दउर बनल रही।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

भाग-दउर बनल रही। मानसिक तनाव बनल रही। बेवसायिक ममिलण में सचेत रहीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। धन यश आ किर्ति बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। उपहार भा मिली। धन यश आ किर्ति सम्मान बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

माई के स्वास्थ बाधा से भरल हो सकेला। खुद से मानसिक तनाव हो सकेला। जीवन साथी के सहजोग मिली। उपहार, सम्मान बढ़ी। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। कवनो अइसन आदमी से संपर्क हो सकेला जवन रउआ जिनगी में एगो नाया बदलाव कs सके। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। शिक्षा में सुधार होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

भाई-बहिन के सहजोग मिली। जीवनसाथी से मतभेद हो सकेला। रचना के कोसिस सफल रही। जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

दामपत्य जिनगी सुख से भरल रही, जतरा के संजोग बनी। अचके धन लाभ होई। नौकरी के क्षेत्र में बड़ जिम्मेवारी मिल सकेला। भाग-दउर रही। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म विसवास बढ़ी। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी।
- Sponsored Ads-

Share This Article
व्याकरणाचार्य, ज्योतिर्विद् धार्मिक अनुष्ठान, भुमि शोधन आ गृह वास्तु परामर्श दाता +91-7607584170