मशरख के रणधीर सिंह बनलें जदयू के प्रदेश महासचिव : तीन महीना पहिले राजद छोड़ JDU में भइल रहे सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 25, 2024

नीतीश कुमार के अध्यक्षता वाली जनता दल यूनाइटेड (जेडीयू) में बड़ बदलाव कइल गइल बा। पुरान प्रदेश कमेटी के भंग करत नया राज्य कमेटी के गठन भइल बा। 115 पदाधिकारी बनावल गइल बा, जेमे राजद

Share

नीतीश कुमार के अध्यक्षता वाली जनता दल यूनाइटेड (जेडीयू) में बड़ बदलाव कइल गइल बा। पुरान प्रदेश कमेटी के भंग करत नया राज्य कमेटी के गठन भइल बा। 115 पदाधिकारी बनावल गइल बा, जेमे राजद छोड़के जेडीयू में आइल पूर्व विधायक रणधीर सिंह के महासचिव बनावल गइल बा। ऊ महाराजगंज के पूर्व सांसद प्रभुनाथ सिंह के लईका हवे।

लोकसभा चुनाव में राजद से टिकट ना मिलला के बाद जेडीयू में सामिल भइल रहस। जदयू नेता सह पूर्व छपरा विधायक रणधीर सिंह के जदयू के प्रदेश महासचिव के पद पs मनोनीत होखे से समर्थकन में खुसी के लहर बा।

इहो पढ़ीं : अंडर-17 विमेंस रेसलिंग वर्ल्ड चैंपियनशिप विनर टीम जॉर्डन में फंसल, टीम 5 गोल्ड जीतल

प्रभुनाथ सिंह सारण सहित बिहार के चर्चित नेता में से एगो बा। हत्या के जुर्म में अभी जेल में बंद बा। प्रभुनाथ सिंह के बड़ बेटा रणधीर सिंह पिता के राजनीति विरासत के लेके आगे बढ़ रहल बा। तीन महीना पहिला रणधीर सिंह राजद के साथ छोड़के जदयू के दामन थमले रहे। हालांकि, एक समय में प्रभुनाथ सिंह के जदयू पार्टी में खास प्रभाव रहे।

जेडीयू के नया प्रदेश कमेटी में 10 उपाध्यक्ष, 49 प्रदेश महासचिव, 46 प्रदेश सचिव, नव प्रवक्ता आ एगो कोषाध्यक्ष बनावल गइल बा। बीतल साल मार्च 2023 में बनावल गइल बा राज्य कमेटी में 251 पदाधिकारी रहे लो। जवना के अब घटाके 115 कs दिहल गइल बा। कइयन पदाधिकारियन के छुट्टी कs दिहल गइल बा।

ओहिजा, अब खाली 49 महासचिव बनावल गइल बा। इनका मनोनयन पs युवा नेता माही सिंह बधाई देलें। ऊ कहलें कि प्रदेश में रणधीर सिंह के पदाधिकारी बनावल गइला पs पार्टी आ मजबूत होई। इनका प्रदेश महासचिव बनावल गइला से सारण से लेके आसपास के कइयन जिलन में पार्टी आ जादे मजबूत होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.